एयरबस ए320 परिवार

विकिपीडिया से
सीधे इहाँ जाईं: नेविगेशन, खोजीं
लुफ्तांसा एयरलाइन्स के एक ठो एयरबस ए320 बिमान

एयरबस ए320 में एयरबस कंपनी द्वारा बनावल जाए वाले माझिल आकार, आ छरहर आकृति के पसिंजर जेट बिमान शामिल बाने। एह परिवार में ए318, ए319, ए320, ए321 आ एसीजे बिजनेस जेट गिनावल जा सके लें।

फाइनल असेंबली फ्रांस के तुलू शहर आ जर्मनी में होला। चीनी बिमान कंपनी सभ खातिर तियानजिन शहर में भी एकर असेंबली होला।

एह परिवार के जेट बिमान में 220 यात्री के जगह होला आ एकर रेंज मॉडल अनुसार 3,100 किलोमीटर से 12,000 किलोमीटर हो सकेला।

31 जनवरी 2017 तक ले कुल 7,442 बिमान सभ के डिलेभरी हो चुकल बाटे आ एह में से 7,122 गो सेवा में बाने।

संदर्भ[संपादन]