एमनेस्टी इंटरनेशनल
![]() | |
स्थापित |
जुलाई 1961 United Kingdom |
---|---|
संस्थापक | Eric Baker |
प्रकार |
Nonprofit INGO |
मुख्यालय |
London, WC1 United Kingdom |
लोकेशन |
|
सेवा | Protecting human rights |
फील्ड | Media attention, direct-appeal campaigns, research, lobbying |
मेंबर | More than seven million members and supporters[1] |
Agnès Callamard[2] | |
वेबसाइट | amnesty.org |
एमनेस्टी इंटरनेशनल (अंगरेजी: Amnesty International) एगो इंटरनेशनल एनजीओ बाटे जेकर मुख्यालय यूनाइटेड किंगडम में बा आ ई मानवाधिकार खातिर काम करे ला। खुद एकरे दावा अनुसार एकर मेंबर आ सपोर्टर लोग एक करोड़ (दस मिलियन) बाटे।
संस्था के मिशन, एकरे कथन के हिसाब से, कैंपेन चलावल हवे "एगो अइसन दुनियाँ खातिर जेह में हर ब्यक्ति मानवाधिकारन के युनिवर्सल डिक्लेरेशन आ अउरी अन्य इंटरनेशनल मानवाधिकार घोषणा सभ के तहत निहित मानवाधिकार सब के सुबिधा ले सके"[3]
एमनेस्टी इंटरनेशनल के अस्थापना 1961 में लंदन में भइल, द ऑब्जर्वर में २८ मई १९६१ में वकील पीटर बेनसन के लिखल दि फॉरगॉटेन प्रिजनर्स लेख के छपे के बाद,[4] एमनेस्टी के काम हवे मानवाधिकार संबंधी उत्पीड़न के ओर धियान दियावल आ ई इंटरनेशनल कानून के साथे अपना के संगत रख के कैंपेन चलावे ला, आम जनता के राय के प्रेरित करे खाती कि सरकारन पर दबाव बनावल जा सके जहाँ मानवाधिकार के हनन हो रहल बाटे।[5] एमनेस्टी के मान्यता बाटे कि मौत के सजा "मानवाधिकार सभ के नकारे के सबसे आत्यंतिक, न पलटल जा सके वाला" रूप हवे।[6] एह संस्था के 1977 नोबल शांति पुरस्कार मिलल एकरे द्वारा "टार्चर के खिलाफ मानव गरिमा के रक्षा" खातिर,[7] आ 1978 में मानवाधिकारन के क्षेत्र में यूनाइटेड नेशंस प्राइज मिलल।[8]
इंटरनेशनल स्तर पर मानवाधिकारन खातिर काम करे वाली संस्था सभ में, इंटरनेशनल फेडरेशन फ़ॉर ह्यूमन राइट्स आ एंटी-स्लेवरी इंटरनेशनल के बाद, एमनेस्टी तिसरा अइसन संस्था बा जेकर सबसे पुरान इतिहास होखे।[9]
भारत में, एमनेस्टी इंटरनेशनल इंडिया, एमनेस्टी इंटरनेशनल के चलावल जा रहल मानवाधिकार आंदोलन के हिस्सा हवे आ एकर रजिस्टर्ड ऑफिस कर्नाटक के बंगलूरू में बाटे।
संदर्भ[संपादन करीं]
- ↑ उद्धरण खराबी:Invalid
<ref>
tag; no text was provided for refs namedwhoai
- ↑ "Dr Agnès Callamard appointed as Secretary General of Amnesty International". amnesty.org. 29 March 2021. पहुँचतिथी 4 April 2021.
- ↑ "Amnesty International's Statute". www.amnesty.org.
a world in which every person enjoys all of the human rights enshrined in the Universal Declaration of Human Rights and other international human rights instruments.
- ↑ Benenson, Peter (28 May 1961). "The Forgotten Prisoners". The Observer. पहुँचतिथी 28 May 2011.
- ↑ "About Amnesty International". Amnesty International. पहुँचतिथी 20 July 2008.
- ↑ "Death Penalty". Amnesty International. पहुँचतिथी 30 May 2018.
- ↑ उद्धरण खराबी:Invalid
<ref>
tag; no text was provided for refs namedAINobelLec
- ↑ उद्धरण खराबी:Invalid
<ref>
tag; no text was provided for refs namedAIUNAward
- ↑ Ronand, James; Ramos, Howard; Rodgers, Kathleen (2005). "Transnational Information Politics: NGO Human Rights Reporting, 1986–2000" (PDF). International Studies Quarterly. पप. 557–587. ओरिजनल (PDF) से 18 March 2009 के पुरालेखित.
![]() | ई ऑर्गेनाइजेशन-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |