Jump to content

एंटीबायोटिक

विकिपीडिया से

एंटीबायोटिक (antibiotic) सभ अइसन तत्व चाहे पदार्थ (सब्सटेंस) होखे लें जे बैक्टीरिया के खिलाफ काम करे लें। बैक्टीरिया से होखे वाला इन्फेक्शन सभ के रोके के कामे आवे लें आ बहुत सारा एंटीबायोटिक दवाई सभ के इस्तेमाल अइसन बैक्टीरिया के इन्फेक्शन से होखे वाला रोग भा बेमारी सभ के इलाज करे में होखे ला। एंटीबायोटिक सभ वाइरस के खिलाफ ना काम करे लें जइसे कि आम सर्दी-जोखामइन्फ्लुएंजा नियर बेमारी सभ में इनहन के इस्तेमाल से कवनो फरक ना पड़े ला; जवन दवाई सभ वाइरस के रोकथाम करे खातिर दिहल जालीं उनहन के एंटीवाइरल कहल जाला ना कि एंटीबायोटिक। एही तरे ई एंटीबायोटिक सभ फंगस के खिलाफ भी ना काम करे लीं आ उनहन खातिर एंटीफंगल दवाई दिहल जालीं। सूछ्मजीव सभ के खिलाफ काम करे वाला पदार्थन के एंटीमाइक्रोबायल कहल जाला; एह तरीका से एंटीबायोटिक सभ एंटीमाइक्रोबायल के किसिम हवें।