ऋषि सुनक

विकिपीडिया से
The Right Honourable
Rishi Sunak
MP
Chancellor Rishi Sunak (cropped).jpg
Official portrait, 2020
Chancellor of the Exchequer
कार्यकाल
13 February 2020 – 5 July 2022
परधानमंत्री Boris Johnson
इनसे पहिले Sajid Javid
इनके बाद Nadhim Zahawi
Chief Secretary to the Treasury
पद पर रहलें
24 July 2019 – 13 February 2020
परधानमंत्री Boris Johnson
इनसे पहिले Liz Truss
इनके बाद Steve Barclay
Parliamentary Under-Secretary of State for Local Government
पद पर रहलें
9 January 2018 – 24 July 2019
परधानमंत्री Theresa May
इनसे पहिले Marcus Jones
इनके बाद Luke Hall
Member of Parliament
for Richmond (Yorks)
पद पर मौजूद
पदभार लिहल गइल
7 May 2015
इनसे पहिले William Hague
इनके बाद incumbent
मेजौरिटी 27,210 (47.2%)
निजी जानकारी
जनम (1980-05-12) 12 मई 1980 (उमिर 42)
Southampton, England
राजनीतिक पार्टी Conservative
जीवनसाथी
Akshata Murty (बि. 2009)
संतान 2
पढ़ाई Winchester College
महतारी संस्था Lincoln College, Oxford (BA)
Stanford University (MBA)
दस्खत ऋषि सुनक's signature
वेबसाइट rishisunak.com

ऋषि सुनक (जनम 12 मई 1980) एगो ब्रिटिश राजनेता हवें जे 2020 से 2022 ले चांसलर ऑफ़ द एक्सचेकर (Chancellor of the Exchequer) के रूप में काम कइले बाड़ें जे अउरी देसन में वित्त मंत्री के बरोबर पद होला, एकरे पहिले 2019 से 2020 ले चीफ सेक्रेटरी ऑफ़ द ट्रेजरी (Chief Secretary to the Treasury) के रूप में काम कइले बाड़ें। कंजरवेटिव पार्टी के सदस्य बाड़ें, ऊ रिचमंड (यॉर्क) से 2015 से खातिर संसद सदस्य रहल बाड़ें। ऋषि सुनक के कंजरवेटिव पार्टी के ओर से ब्रिटेन के अगिला परधानमंत्री बने खातिर बीछल गइल बाटे।

साउथैम्पटन में पूर्वी अफिरका से प्रवास कइल भारतीय ब्राह्मण माता-पिता के घरे जनमल सुनक के पढ़ाई विन्चेस्टर कॉलेज में भइल। एकरे बाद ऊ लिंकन कॉलेज, ऑक्सफोर्ड में दर्शन, राजनीति आ अर्थशास्त्र पढ़लें आ बाद में स्टैनफोर्ड यूनिवर्सिटी से फुलब्राइट स्कॉलर के रूप में एमबीए कइलें। स्टैनफोर्ड में पढ़त घरी इनके मुलाकात इनके होखे वाली पत्नी अक्षता मूर्ति से भइल जे इन्फोसिस के स्थापना करे वाला भारतीय अरबपति बिजनेसमैन एन.आर.नारायण मूर्ति के बेटी हई। सुनक आ मूर्ति ब्रिटेन के सभसे अमीर लोग में गिनल जालें आ 2022 ले इनहन के कुल संपत्ति 730 मिलियन पाउंड रहल।[1] स्नातक कइला के बाद ऊ गोल्डमैन सैक्स खातिर काम कइलें आ बाद में हेज फंड फर्म द चिल्ड्रेन इन्वेस्टमेंट फंड मैनेजमेंट आ थेलेम पार्टनर्स में पार्टनर के रूप में काम कइलें।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Durbin, Adam (20 May 2022). "Rishi Sunak and Akshata Murthy make Sunday Times Rich List". BBC News. Retrieved 9 July 2022.{{cite web}}: CS1 maint: url-status (link)