ईवा एकेब्लाड

विकिपीडिया से

ईवा एकेब्लाड
ईवा एकेब्लाड
जनम10 जुलाई 1724
स्टॉकहोम, स्वीडन
निधन15 मई 1786(1786-05-15) (उमिर 61)
स्कैराबोर्ग काउंटी, स्वीडन
निवासस्टॉकहोम आऊर वास्टगोटलैंड
नागरिकतास्वीडिश
काम के क्षेत्रकृषिबैज्ञानिक
Known forआलू से पिसान आ सराब बनावै खातिर (1746)
प्रभावित कइलेंआलू के बुनियादी भोजन बनाय के भुखमरी घटवलीं
पुरस्कार/सम्मानमेंबरशिप इन रॉयल स्वीडिश एकेडमी ऑव साइंस (1748)
जीवन साथी
क्लाएस क्लायसन एकेबाल्ड
(बि. 1740; उनकर निधन 1771)
संतानहेडा पाइपर के लेके 7 गो
नोट
रॉयल स्वीडिश एकेडमी ऑव साइंस में पहिलकी महिला: पूर्ण सदस्य 1748–51, मानद सदस्य 1751–86

ईवा एकेब्लाड (अंग्रेजी: Eva Ekeblad) (10 जुलाई 1724 – 15 मई 1786) एगो स्वीडेन के कृषिबैज्ञानिक रहलीं। इनके लोग 1746 में आलू से पिसान आ सराब बनावै के तरीका खोजै बदे ढेर जानैला, जवना से स्वीडन मे अनाज क तंगी दूर भइल आ भुखमरियो के घटना में कमी आइल।

ईवाब्लाड रॉयल स्वीडिश एकेडमी ऑव साइंस (1746) क पहिलकी महिला सदस्य रहलीं।[1][2][3]

जीवन[संपादन करीं]

निजी जीवन[संपादन करीं]

ईवा डे ला गार्डी क जनम स्टेट्समैन काउंट मैग्नस जूलियस डे ला गार्डी (1668-1741) आऊर शौकिया नेता (पोल्टीसियन) आ सैलूनिस्ट हेडविग कैथरीना लिल्जे: कैप्टन कार्ल जूलियस डे ला गार्डी आ हेडविग कैथरीना डे ला गार्डी के बहिन आ हेडविग कैथरीना डे ला गार्डी और एक्सल वॉन फेर्सन द यंगर की चाची के इहाँ भयल रहे। उनके भाई क बियाह कैथरीन शार्लोट डे ला गार्डी आऊर शाही पसंद हेडविग ताबे के बहनोई से भयल रहे।[1][3][4][5]

1740 में ईवा 16 बरिस के उमिर में रिक्सराद के काउंट क्लेस क्लेसन एकेब्लैड से बियाह कयके, और सात बच्चन क माई बनलीं; जेमा एगो बेटा और छह गो बिटिया[1][2][1][6] जवने में क्लेस जूलियस एकेब्लैड (1742-1808) आ हेडा पाइपर भी रहलीं। उनकर जीवनसाथी लोग खानदानी स्वीडिश परिवार क रहलैं।[1][2]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. 1.0 1.1 1.2 1.3 1.4 Riksarkivet Band 12 (1949), p.637
  2. 2.0 2.1 2.2 "Eva Ekeblad". www.bgf.nu. Archived from the original on 14 मार्च 2016.
  3. 3.0 3.1 Anteckningar om svenska qvinnor, Wilhelmina Stålberg, P. G. Berg. 1864, pp. 130–131
  4. Svenskt biografiskt handlexikon Herman Hofberg et al., 1906. p. 234
  5. Svenskt biografiskt handlexikon Herman Hofberg et al., 1906. p. 492
  6. "Ekeblad – Historiska personer – Historiesajten". www.historiesajten.se. Retrieved 10 जुलाई 2017.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]