ईएसपीएनक्रिकइन्फो

विकिपीडिया से
ईएसपीएनक्रिकइन्फो
साइट के प्रकार
खेलकूद (स्पोर्ट्स) वेबसाइट
भाषाअंग्रेजी, हिंदी
मालिकईएसपीएन इंक.
वेबसाइटऑफिशियल वेबसाइट
कॉमर्शियलहँ
रजिस्ट्रेशनबैकल्पिक
लॉन्च भइल15 मार्च 1993 (1993-03-15)[1][2]

ईएसपीएन क्रिकइन्फो (पहिले एकरा के क्रिकइंफो के नाँव से जानल जाय)[3] एगो खेल समाचार वेबसाइट हवे जे बिसेस रूप से क्रिकेट के खेल खातिर बनावल गइल हवे।[4] एह साइट पर खबर, लेख, क्रिकेट मैच सभ के लाइव कवरेज ( लाइवब्लॉग आ स्कोरकार्ड सभ सहित), आ StatsGuru नाँव के 18वीं सदी से ले के वर्तमान समय ले के इतिहासिक मैच आ खिलाड़ी लोग के डेटाबेस के सुविधा दिहल गइल बा। मार्च 2023 तक ले , संबित बल एकर संपादक रहलन।[5]

ई साइट, मूल रूप से 1993 में साइमन किंग द्वारा वर्ल्ड वाइड वेब से पहिले के रूप में परिकल्पना कइल गइल, 2002 में एकर विजडेन ग्रुप द्वारा अधिग्रहण कइल गइल जे कई गो उल्लेखनीय क्रिकेट पत्रिका सभ आ विस्डेन क्रिकेटर्स अल्मनाक के प्रकाशक हवे। विजडेन ग्रुप के अंत में टूट जाए के बाद, एकरा के ईएसपीएन के बेचल गइल, जेकर मालिकाना हक द वाल्ट डिज्नी कंपनी आ हर्स्ट कॉर्पोरेशन के संयुक्त स्वामित्व में रहल, 2007 में।

पॉपुलरिटी[संपादन करीं]

ईएसपीएनक्रिकइन्फो के लोकप्रियता 24 फरवरी 2010 के साबित भइल जब भारतीय क्रिकेटर सचिन तेंदुलकर के 200* के साथ पुरुषन के वन डे इंटरनेशनल मैच में सभसे ढेर ब्यक्तिगत स्कोर के रिकार्ड तूर दिहला के बाद ई साइट भारी ट्रैफिक के संभाल ना पवलस।[6] [7]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Shetty, Rachna. "Timeline | Cricinfo at 20 years". ESPN cricinfo. Retrieved 2 August 2013.
  2. "ESPNcricinfo at 20 years". ESPN Cricinfo. Retrieved 2 August 2013.
  3. "ESPN acquires Cricinfo" (Press release). 11 June 2007.
  4. "ESPNcricinfo / About Us". ESPN cricinfo. Retrieved 25 February 2017.
  5. Sambit Bal
  6. Bal, Sambit (2013-02-25). "Tendulkar breaks Cricinfo records". 'From the Editor' blog. ESPNcricinfo. Retrieved 13 March 2023.
  7. Hoult, Nick (24 February 2010). "Sachin Tendulkar's 200 breaks ODI world record as India crush South Africa". The Daily Telegraph. London. Archived from the original on 11 January 2022.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]