इमानुएल माक्रों

विकिपीडिया से
2017 में माक्रों
फ्रांस के राष्ट्रपति
पद पर मौजूद
पदभार लिहल गइल
14 मई 2017
प्रधानमंत्रीएदुआर्द फिलिप
इनसे पहिलेफ्रांसोआ ओलांद
निजी जानकारी
जनमइमानुएल ज्यां-मिशेल फ्रेदेरिक माक्रों
(1977-12-21) 21 दिसंबर 1977 (उमिर 46)
अमेंस, फ्रांस
राजनीतिक पार्टीएन मार्च (2016–present)
अन्य राजनीतिक
जुड़ाव
सोशलिस्ट पार्टी (2006–2009)
निर्दल (2009–2016)
जीवनसाथीब्रिगेट तुर्गनेव (2007–present)
निवासएलिसी महल
महतारी संस्थापेरिस विश्वविद्यालय
दस्खत

इमानुएल ज्यां-मिशेल फ्रेदेरिक माक्रों (Emmanuel Jean-Michel Frédéric Macron) भा इमानुएल माक्रों (जनम 21 दिसंबर 1977) फ्रांस के राष्ट्रपति आ अंडोरा के प्रिंस (पद के कारण) बाने। एकरे पहिले ऊ फ्रांसोआ ओलांद के सरकार में कई पद पर रह चुकल रहलें।

माक्रों, एकरा पहिले सरकारी सेवा में (सिविल सर्वेंट) रहलें आ निवेश बैंकर रहलें। 2006 से 2009 ले माक्रों, फ्रांसीसी सोशलिस्ट पार्टी में रहलें आ साल 2016 के नवंबर महीना में घोषणा कइलेन कि ऊ नया बैनर "एन मार्च" के तहत फ्रांस के राष्ट्रपति के चुनाव लड़िहें। माक्रों के सेंटरिस्ट[1] आ उदारवादी मानल जाला।

मई 2017 में माक्रों, उग्र दक्षिणपंथी मारी ले पेन के हरा के फ्रांस के राष्ट्रपति बन गइलें। 39 बरिस के उमिर में ऊ फ्रांस के अबतक ले के सभसे जुवा राष्ट्रपति बाने।[2]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "France election: Centrist rising star Macron urges unity". BBC News, 4 February 2017. Retrieved 25 April 2017.
  2. "इमानुएल माक्रों बने नये फ्रेंच राष्ट्रपति | दुनिया | DW.COM | 08.05.2017". DW.COM. 2012-04-18. Retrieved 2017-05-16.