इंस्टाग्राम
मूल लेखक | |
---|---|
डेवलपर | मेटा प्लेटफ़ॉर्म्स |
सुरुआती रिलीज | अक्टूबर 6, 2010 |
ऑपरेटिंग सिस्टम | |
साइज | 231.3 MB (iOS)[1] 50.22 MB (Android)[2] 50.3 MB (Fire OS) [3] |
उपलब्ध बाटे | 32[4] languages |
लाइसेंस | Proprietary software with Terms of Use |
वेबसाइट | instagram |
इंस्टाग्राम चाहे इन्स्टाग्राम (अंग्रेजी: Instagram), संछेप में इन्स्टा चाहे इंस्टा (Insta) फोटो चाहे बीडियो साझा करे खातिर इंटरनेट आधारित एगो एप्लीकेशन बाटे जे मोबाइल, डेस्कटॉप, आ लैपटॉप पर चलावल जा सके ला। ई अपना यूजर लोग के कौनों फोटो के प्राइवेट में भा पब्लिक में साझा करे के मोका उपलब्ध करावे ला। एह प्लेटफ़ॉर्म प फोटो आ बीडियो के ऊपर फिल्टर इस्तेमाल कइल जा सके लें, हैशटैग के मदद से इनहन के ग्रुप कइल जा सके ला, आ भूगोलीय लोकेशन के हिसाब से आपस में संबंधित कइल जा सके ला। पोस्ट सभ के सार्वजनिक रूप से भा पहिले से मंजूर फॉलोअर लोगन के साथे शेयर कइल जा सकेला। प्रयोगकर्ता लोग टैग आ लोकेशन के हिसाब से अन्य प्रयोगकर्ता लोग के सामग्री ब्राउज क सके ला, ट्रेंडिंग सामग्री देख सके ला, जइसे कि फोटो आ अन्य प्रयोगकर्ता लोग के फॉलो क के आपन सामग्री के निजी फीड में जोड़ सके ला। मेटा संचालित इमेज केंद्रित सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म, इ आईओएस, एंड्रॉयड, विंडोज 10, अउरी वेब प उपलब्ध बा। यूजर बिल्ट-इन फिल्टर अउरी बाकी टूल के इस्तेमाल क के फोटो खींच के संपादित क सकतारे, ओकरा बाद फेसबुक जईसन अवुरी सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म प शेयर क सकतारे। ई अंगरेजी, स्पेनिश, फ्रेंच, कोरियाई, आ जापानी समेत कुल 32 ठे भाषा सभ के सपोर्ट करे ला।
एकर निर्माण केविन सिस्ट्रोम आ मार्क कीगर द्वारा कइल गइल आ साल 2010 में लॉन्च कइल गइल। सुरू में ई आइओएस ऑपरेटिंग सिस्टम खातिर फ्री एप के रूप में लॉन्च भइल रहे, दू साल बाद ई एंड्रॉइड ऑपरेटिंग सिस्टम खातिर लॉन्च कइल गइल। एकरा बाद नवंबर 2012 में वेबसाइटो के रूप में लॉन्च भइल। अप्रैल 2012 में फेसबुक इंक एह सेवा के लगभग 1 बिलियन अमेरिकी डॉलर के नकदी आ स्टॉक में खरीद लिहलस। इंस्टाग्राम के एंड्रॉयड वर्जन अप्रैल 2012 में रिलीज भइल, एकरे बाद नवंबर 2012 में फीचर-लिमिटेड डेस्कटॉप इंटरफेस, जून 2014 में फायर ओएस ऐप आ अक्टूबर 2016 में विंडोज 10 खातिर ऐप आइल।अक्टूबर 2015 ले, 40 बिलियन से ढेर फोटो अपलोड हो गइल रहे। हालाँकि, अक्सर एकरे सफलता आ परभाव खातिर इंस्टाग्राम के प्रशंसा कइल जाला, किशोर लोग के मानसिक स्वास्थ्य, एकरे नीति आ इंटरफेस में बदलाव, एकरे कथित सेंसरशिप, आ यूजर लोग द्वारा अपलोड कइल गइल गैरकानूनी आ अनुचित सामग्री के नकारात्मक रूप से प्रभावित करे खातिर एकर आलोचनो कइल गइल बा।
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "Instagram". App Store.
- ↑ टेम्पलेट:Cite templates kr web
- ↑ "Amazon.com: Instagram: Appstore for Android". Amazon.
- ↑ "Instagram". App Store. Retrieved October 7, 2019.
ई इंटरनेट-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |