इटली में कोरोनावायरस महामारी

विकिपीडिया से
Jump to navigation Jump to search
Number of confirmed cases by province
(as of 24 March):
  1–9 confirmed
  10–99 confirmed
  100–499 confirmed
  500–999 confirmed
  1,000–9,999 confirmed

बैस्विक स्तर पर कोरोनावायरस महामारी जे सार्स-कोव-19 नाँव के नया किसिम के वायरस से होखे वाली बेमारी कोविड-19 (COVID-19) नाँव कारण फइलल बाटे, इटली में पहिली बेर 31 जनवरी 2020 पहुँचल जब रोम में दू गो चीनी लोगन के एह वायरस के इन्फेक्शन होखे के मामिला सोझा आइल।[1] एक हप्ता बाद इटली के एगो नागरिक चीन के वुहान शहर से लवट के अइलेन, उनका में एह वायरस के इन्फेक्शन के पुष्टी भइल आ एह तरीका से ओ तिसरा मरीज साबित भइलें।[2] एकरे बाद 21 फरवरी के एक्के साथ एह वायरस से इन्फेक्शन वाला 16 गो केस के पुष्टी लोम्बार्डी में भइल,[3] अगिला 60 गो अउरी केस आ पहिली मौत 22 फरवरी के दर्ज भइल। मार्च के सुरुआत ले ई वायरस इटली के लगभग सगरी इलाका सभ में फइल चुकल रहे।[4]

वर्तमान में इटली एह महामारी के सेंटर बन गइल बा आ कुल 57,000 से बेसी सक्रिय केस सोझा बाड़ें।[5] कुल कन्फर्म केस 74,386 में से 7,503 लोग के मौत हो चुकल बाटे आ 9,362 लोग के एह रोग से बचावल जा चुकल बा।[6] 19 मार्च के इटली एह महामारी में मरे वाला लोगन के मामिला में दुनिया के सबसे बेसी गिनती वाला देस बन गइल बा।[7]

संदर्भ[संपादन]

  1. "Coronavirus: Primi due casi in Italia". Corriere della sera (Italian में). 31 January 2020. पहुँचतिथी 31 January 2020.
  2. "First Italian dies of coronavirus as outbreak flares in north". Reuters (English में). 2020-02-21. पहुँचतिथी 2020-03-06.
  3. Anzolin, Elisa; Amante, Angelo (21 February 2020). "Coronavirus outbreak grows in northern Italy, 16 cases reported in one day". Thomson Reuters. पुरालेखित से पुरालेखित 21 February 2020 के. पहुँचतिथी 21 February 2020.
  4. "Coronavirus. Colpite tutte le regioni. La Protezione civile: ecco i numeri aggiornati". www.avvenire.it (Italian में). 5 March 2020. पहुँचतिथी 19 March 2020.
  5. "Coronavirus COVID-19 Global Cases by the Center for Systems Science and Engineering (CSSE) at Johns Hopkins". पहुँचतिथी 2020-03-25.
  6. "Covid-19 – Situazione in Italia". www.salute.gov.it (Italian में). Ministero della Salute. पहुँचतिथी 13 March 2020.
  7. Hjelmgaard, Eric J. Lyman and Kim. "Grim milestone: Italy's coronavirus deaths surpass China's". USA TODAY.