इंटेल 8085
इंटेल 8085 एगो आठ बिट के माइक्रोप्रोसेसर हटे जेकरा इंटेल 1976 मे बनवले रहे।[1] 8085 के "5” ई बतावेला जे इंटेल 8085 माइक्रोप्रोसेसर +5 भोल्ट के पोवर सपलाई के परजोग करेला। हेकरा मे चालीस गो पीन होला। पीन सभ के होखे वाला काज के संख्या अधिकावे ला, 8085 डेटा अउरी अइडरेस भेजे ला एक्के गो बस चाहे तार (AD^0-AD^7) के परजोग करेला।
बिबरन[संपादन करीं]
8085 मे डेटा ला 8 गो तार होला बाकिर अइड्रेस ला सोरह गो तार होला, एहमें पहिला आठ गो तार डेटा वाला होला आ बाकि आठ गो अलग तार होखेला, हेकरा 24 गो पिन के काज सोरहे गो पीन से होई जाला।
एमे चलिसमा पीन (vcc) आ बिसमा पीन (gnd) मे पांच भोल्ट के पावर सपलाई लागेला। उनचालिस पीन के "होल्ड" कहल जाला।
संदर्भ[संपादन करीं]
Page टेम्पलेट:Reflist/styles.css has no content.
- ↑ "Intel® Microprocessor Quick Reference Guide - Year". www.intel.com.
![]() | ई टेक्नालॉजी-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |