Jump to content

इंटरनेट सिक्योरिटी

विकिपीडिया से
(इंटरनेट सुरक्षा से अनुप्रेषित)

इंटरनेट सुरक्षा भा इंटरनेट सिक्योरिटी (Internet security) साइबर सिक्योरिटीकंप्यूटर सिक्योरिटी के एगो इस्पेशल ब्रांच हवे जे खासरूप से इंटरनेट से संबंधित होला, बहुधा एह में ब्राउजर सिक्योरिटी भी शामिल कइल जाला बाकी मुख्य रूपसे ई नेटवर्क के सिक्योरिटी के काम से संबंधित होला। ई अउरी दूसर एप्लीकेशन सभ आ ऑपरेटिंग सिस्टम के सगरी ब्यवस्था के एक ठो पूरा इकाई मान के इंटरनेट संबंधी सुरक्षा के काम करे ला। एकर मकसद होला कि अइसन नियम (रूल) अस्थापित कइल जाय जवना से इंटरनेट पर हमला के रोकल जा सके। एक तरह से देखल जाय तब इंटरनेट पर जानकारी अदला-बदली करे के दौरान कई किसिम के हाई रिस्क सभ रहे ला, जइसे कि फाईजिंग, ऑनलाइन वाइरस, ट्रोजन, वर्म आ अउरी कई चीज के खतरा रहे ला।

इंटरनेट पर एह खतरा सभ से सुरक्षा खाती कई किसिम के तरीका अपनावल जालें जवना से डेटा के ट्रांसफर के दौरान अइसन रिस्क वाला चीज सभ से बचाव कइल जा सके। वर्तमान में इंटरनेट सुरक्षा के फोकस एह बात पर बा कि नीक से जानल-बूझल आ नाया खतरा सभसे रियल-टाइम सुरक्षा कइल जा सके।