आलेत्च ग्लेशियर
Aletsch Glacier | |
---|---|
(Grosser) Aletschgletscher | |
![]() Lower part of the glacier with Wannenhorn (3,906 मी (12,815 फीट)) in the middle and Strahlhorn (3,026 मी (9,928 फीट)) on the right | |
प्रकार | Valley glacier |
लोकेशन | Valais, Switzerland |
निर्देशांक | 46°26′32″N 8°4′38″E / 46.44222°N 8.07722°Eनिर्देशांक: 46°26′32″N 8°4′38″E / 46.44222°N 8.07722°E |
रकबा | 81.7 किमी2 (879,000,000 वर्ग फीट) (2011)[1] |
लंबाई | 22.6 किमी (14.0 मील) (2014)[2] |
मोटाई | 940 m (Konkordiaplatz) |
सभसे ऊँच जगह | 4160 m |
सभसे निचाई के जगह | 1650 m |
अंतिम माथ | Massa |
इस्थिति | Retreating |
आलेत्च ग्लेशियर (अंगरेजी: Aletsch Glacier, जर्मन: Aletschgletscher) यूरोप में एगो पहाड़ी ग्लेशियर बा आ ई आल्प्स परबत श्रेणी के सभसे बड़ ग्लेशियर हवे। एह ग्लेशियर के लंबाई 23 किमी (14 मील) (2014) बा,[2] आ कुल आयतन (वाल्यूम) 15.4 किमी3 (5.4×1011 घन फुट) (2011) बा, जबकी एकर इलाकाई बिस्तार लगभग 81.7 किमी2 (879,000,000 वर्ग फीट) (2011) एरिया पर बाटे। ई बर्नीज आल्प्स में, स्विट्जरलैंड के वालाइस कैंटन में मौजूद बा।[1] आलेत्च ग्लेशियर चार गो छोटहन ग्लेशियर सभ के एकट्ठा होखे से बने ला जे कान्कर्डिया प्लेस नाँव के जगह पर मिले लें। एकरे बाद ई ग्लेशियर रोन (Rhône) घाटी के ओर बढ़े ला आ पघिले पर एकरे पानी से मासा (Massa) नदी के उदगम होखे ला। माशा नदी एगो सात किलोमीटर लमहर नदी हवे जे रोन नदी में मिल जाले। आलेत्च ग्लेशियर, दुनिया के बाकी ग्लेशियर सभ नियर, वर्तमान में रिट्रीट वाला स्थिति में बा मने कि लंबाई के बिस्तार के लवटानी हो रहल बा; एगो अध्ययन के मोताबिक 1980 के बाद से 2016 तक ले [update], एकरे लंबाई में 1.3 किलोमीटर (0.81 मील), आ 1870 से 3.2 किलोमीटर (2.0 मील) के कमी आ चुकल बा, साथे-साथ एकरे मोटाई के करीबन 300 मीटर (980 फीट) हिस्सा कम हो चुकल बाटे।[2]
संदर्भ[संपादन]
- ↑ 1.0 1.1 Andres Betschart, संपा. (2011). "World of glaciers" (PDF) (German आ English में) (1 संस्क.). Naters, Switzerland: Stiftung UNESCO Welterbe Schweizer Alpen Jungfrau-Aletsch, Managementzentrum. पहुँचतिथी 2016-02-14.
- ↑ 2.0 2.1 2.2 "Grosser Aletschgletscher, Naters / Ried-Mörel (VS)". glaciology.ethz.ch. Zurich, Switzerland: Swiss Glacier Monitoring VAW/ETHZ & EKK/SCNAT. पहुँचतिथी 2016-03-18.
![]() | ई यूरोप के भूगोल या अस्थान से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |