Jump to content

ऑर्सन वेल्स

विकिपीडिया से
(आर्सन वेल्स से अनुप्रेषित)
ऑर्सन वेल्स
21 वर्ष की आयु में वेल्स
Born
जॉर्ज ऑर्सन वेल्स

(1915-05-06)मई 6, 1915
केनोशा, विस्कॉन्सिन, संयुक्त राज्य अमेरिका
Diedअक्टूबर 10, 1985(1985-10-10) (उमिर 70)
Cause of deathहृदयाघात
Resting placeरोंडा, स्पेन
Occupations
  • अभिनेता
  • निर्देशक
  • लेखक
  • निर्माता
Years active1931–1985
Awards14वां ऑस्कर सम्मान, फिल्म सिटिजेन केन में श्रेष्ठ पटकथा लेखन के लिए(1941)
सम्मान में ऑस्कर सम्मान (1970)
Signature

ऑर्सन वेल्स अमेरिकी अभिनेता, लेखक, फिल्म निर्देशक आ निर्माता रहलें। वेल्स रंगमंच रेडियो आ फिल्म तीनों माध्यम में बढ़िया काम खातिर जानल जालन। उनके मात्र 23 साल के उमिर में एच.जी वेल्स के उपन्यास 'द वार ऑफ द वर्ल्ड्स' के रेडियों रूपांतरण के निर्देशन खातिर प्रसिद्धी मिल गइल रहे। वेल्स आपन पहिलकी फीचर फिल्म 'सिटिजन केन' से एगो फिल्म निर्देशक के रूप में स्थापित त हो गइल रहले बाकी हॉलीवुड के स्टूडियों तंत्र खातिर ऊ जिनिगीभर एगो आउटसाइडरे रहलें।

जीवन परिचय

[संपादन करीं]

वेल्स क जनम संयुक्त राज्य अमेरिका के विस्कोंसिन के केनोशा शहर में भइल रहे। वेल्स क नामकरण उनके परदादा आ केनोशा के प्रभावशाली अटॉर्नी ऑर्सन एस.हेड के नाम पर भइल रहे। एगो समृद्ध परिवार में जनम भइला क बावजूद वेल्स के अपना बचपन में बहुत कठिनाई आ संकटों क सामना करेके के पड़ल रहे। उनकर माता-पिता वेल्स के बचपन में ही अलग हो गइल रहलन। वेल्स के पिता क व्यवसाय ज्यादा शराब पियला के वजह से चउपट हो गइल जेकरा बाद वेल्स के महतारी के आर्टस् इंस्टीट्यूट में पियानो बजाके अपना लरिकन के पाले के पड़ल। लेकिन वेल्स जब खाली नौ साल के रहलन तब उनकर महतारी के देहान्त हो गइल। एकरा बाद बाद वेल्स वाटसन परिवार के पास व्योमिंग चलि अइलन। वेल्स ए बीच थोर दिन खातिर अपना पिता के साथ भी रहलें बाकी ए दौरान एगो पिता के पुत्र क देखभाल के बदला में बेटे के अपना पिता के संभाले के पड़ल। वेल्स जब 15 साल के रहलन तब ढेर शराब पियला के वजह से किडनी फेल हो गइला पर वेल्स के पिता के निधन हो गइल।

वेल्स छोटे उमिर में रेडियो आ रंगमंच खातिर काम शुरू क दिहलें जेमें उनके लगातार सफलता मिलल। पिता के देहान्त के बाद वेल्स आपन बचल-खुचल जमापूंजी लेके यूरोप के यात्रा पर निलक पड़लन। वेल्स आयरलैंड के मशहूर गेट थिएटर पहुंचलन आ उहवां के प्रबंधक से आपन परिचय ब्राडवे स्टार के रूप में दिहलन। ऑडिशन के बाद वेल्स के उहवां काम मिल गइल बाकी ब्रिटेन में वेल्स के कौनो बड़ सफलता ना मिलल जेकरा बाद ऊ वापस अमेरिका लौट अइलन।

फिल्म निर्माण

[संपादन करीं]

अमेरिका में रेडियो आ रंगमंच पर सफलता मिलला के बाद आरकेओ रेडियो क ओर से वेल्स के दूगो फिल्म बनावे के प्रस्ताव मिलल। वेल्स पटकथा लेखक हरमन जे मैनकेविच क साथे मिलके एगो कहानी पर काम शुरू क दिहलें। कहानी अमेरिका के मीडिया मुगल विलियम रैंडोल्फ हर्स्ट क जीवनी पर आधारित रहे। वेल्स एह फिल्म परियोजना खातिर हॉलीवुड के बेहतरीन तकनीशियनन के आपन टीम में जोड़लन जेवना में छायाकार ग्रेग टौलैंड भी शामिल रहलन। ए परियोजना में वेल्स कलाकारन के चयन में अपना मरकरी थिएटर के नवछींटिहा कलाकारन के तरजीह दिहलन। कहल जाला कि ए फिल्म के साथे साथ हॉलीवुड के कईगो कलाकार फिल्म जगत में पदार्पण कइलन।

ए फिल्म क शूटिंग दस सप्ताह में पूरा कइल गइल। बाकी ए फिल्म क निर्माण एतना आसान ना रहे। हर्स्ट के जब ए फिल्म के बारे में पता चलल त ऊ अपना अखबारन में ए फिल्म से संबन्धित कवनो परकार के विज्ञापन आ खबरों पर रोक लगा दिहलन आ फिल्म के निर्माता आरकेओ रेडियो पर फिल्म के प्रोजेक्ट के बंद करे खातिर दबाव बनावे लगलन। कहल त ईहो जाला कि ऊ निर्माता के फिल्म क कुल लागत से भी ज्यादा धन देबे क प्रस्ताव दिहलन, ई कहिके कि ए फिल्म क कुल्ही प्रिंट आ निगेटिव को नष्ट क दिहल जाउ।