Jump to content

आमिर खान

विकिपीडिया से
आमिर खान
आमिर ख़ान
फिलिम पीके के डीवीडी लांच के समय आमिर, मार्च 2015
जनम
मोहम्मद आमिर हुसैन खान

(1965-03-14) 14 मार्च 1965 (उमिर 61)
मुंबई, महाराष्ट्र, भारत
Occupations
  • एक्टर
  • प्रोड्यूसर
  • डाइरेक्टर
Years active1984–present
Spouses
Childrenजुनैद खान, इरा खान आ आजाद राव खान
Parentsताहिर हुसैन
ज़ीनत हुसैन
Relativesफैसल खान (भाई)
निकहत खान (बहिन)
नासिर हुसैन (अंकल)
इमरान खान (भतीजा)

आमिर खान, (जनम:14 मार्च 1965; जनम नाँव: आमिर मुहम्मद खान) एगो हिंदी फिलिम अभिनेता बाड़ें।

आमिर खान के पहिली फिलिम बाल कलाकार के रूप में यादों की बारात (1973) रहे। हीरो के रूप में उनुकर पहिली सफल फिलिम 1988 में आइल कयामत से कयामत तक रहे।

आमिर खान के कई ठो फिलिम खातिर काफ़ी तारीफ मिलल जवना में दिल, राजा हिंदुस्तानीसरफ़रोश बाड़ी।

आमिर खान के टीवी शो सत्यमेव जयते खातिर भी पहिचानल जाला जवना में शो के एंकरिंग कइलें।