आना दे आर्मास

विकिपीडिया से
आना दे आर्मास
2018 में दे आर्मास
जनमआना सेलिजा दे आर्मास कासो
(1988-04-30) 30 अप्रैल 1988 (उमिर 35)
हवाना, क्यूबा
नागरिकता
  • क्यूबा
  • स्पेन
पेशाऐक्ट्रेस
सक्रियता साल2006–अबतक ले
जीवनसाथी
Marc Clotet
(बि. 2011; तला. 2013)

आना सेलिजा दे आर्मास कासो (इस्पेनी: [ˈana ˈselja ðe ˈarmas ˈkaso]; जनम 30 अप्रैल 1988) जे परसिद्ध नाँव आना दे आर्मास (अंग्रेजी: Ana de Armas) से जानल जाली, एगो क्यूबाई आ स्पेनिश ऐक्ट्रेस बाड़ी। इनके कैरियर के सुरुआत क्यूबा में रोमांटिक ड्रामा उना रोसा दे फ्रांसिया (2006) में मुख्य भूमिका से भइल। 18 बरिस के उमिर में ऊ स्पेन के मैड्रिड चल गइली आ 2007 से 2010 ले छह सीजन ले पॉपुलर ड्रामा एल इंटरनाडो में एक्टिंग कइली।

लॉस एंजिल्स में जाए के बाद, मनोवैज्ञानिक थ्रिलर नॉक नॉक (2015) आ कॉमेडी-क्राइम फिलिम वार डॉग्स (2016) में दे आर्मास के अंग्रेजी भाषी भूमिका रहल। ऊ साइंस फिक्शन फिलिम ब्लेड रनर 2049 (2017) में होलोग्राफिक एआई प्रोजेक्शन जोई के भूमिका से पहिचान हासिल कइली। रहस्य फिलिम नाइव्स आउट (2019) में नर्स मार्टा काब्रेरा के रोल खातिर इनके बेस्ट ऐक्ट्रेस खातिर गोल्डन ग्लोब अवार्ड खातिर नामांकित कइल गइल। एकरे बाद ऊ जेम्स बांड फिलिम नो टाइम टू डाई (2021) में बॉन्ड गर्ल पालोमा आ बायोपिक ब्लॉन्ड (2022) में नोर्मा जीन के किरदार निभवली। बाद वाला खातिर, दे आर्मास के बेस्ट ऐक्ट्रेस खातिर अकादमी पुरस्कार खातिर नामांकन मिलल, ई अइसन उपलब्धी हासिल करे वाली ऊ पहिली क्यूबाई औरत बनली।

निजी जिनगी[संपादन करीं]

दे आर्मास आ स्पेनिश अभिनेता मार्क क्लोटेट के 2010 के बीच में रिलेशनशिप शुरू भइल आ जुलाई 2011 में इनहन लोगन के बियाह कोस्टा ब्रावा में भइल। 2013 के सुरुआत में इनहन लोग के तलाक हो गइल[1][2] इनके कुछ समय खातिर अमेरिकी टैलेंट एजेंट फ्रैंकलिन लैट से सगाई भइल आ ई लोग 2015 के सुरुआत से 2016 के अंत ले रिलेशनशिप में रहल[3][4][5][6] 2019 के अंत में डीप वाटर के सेट पर मिलला के बाद दे आर्मास अमेरिकी अभिनेता बेन अफ्लेक के मार्च 2020 से जनवरी 2021 ले डेट कइली।[7][8]

दे आर्मास के क्यूबास्पेन के दोहरी नागरिकता बा।[9] 26 बरिस के उमिर में ऊ लॉस एंजिल्स चल गइली, आ 2023 ले के जानकारी बा कि वरमोंट में रहे लीं[10] 15 अप्रैल 2023 के सॅटर्डे नाईट लाइव के होस्टिंग करत घरी ऊ बतवली कि तीन हफ्ता में उनुका अमेरिकी नागरिकता मिल जाई।[11]

फिल्मोग्राफी[संपादन करीं]

कुंजी
अइसन रचना सभ के बोध करावे ला जे अबहीं ले रिलीज नइखे भइल

फिलिम[संपादन करीं]

बरिस टाइटिल रोल नोट
2006 उना रोजा दे फ्रांसिया मैरी
2007 मैड्रिगल स्टेला मारिस
2009 सेक्स, पार्टी एंड लाइज कैरोला मूल स्पेनिश शीर्षक मेंटिरास वाई गोर्डास
वाई डी पोस्टरे, क्यूए लइकी शार्ट फिलिम
अनिमा जूलिएटा शॉर्ट फिलिम
2011 ब्लाइंड एली रोजा / लौरा मूल स्पेनिश शीर्षक एल कालेजोन
2012 पेरिटो चिनो सबीना शॉर्ट फिलिम
2013 फैराडे इनमा मुर्गा
2014 फॉर हैंडफुल ऑफ किसेज सोल मूल स्पेनिश शीर्षक पोर अन पुनाडो डी बेसोस
2015 नॉक नॉक बेल
एनाबेल क्रिस
2016 एक्सपोज्ड इसाबेल डे ला क्रूज
हैंड्स ऑफ स्टोन फेलिसिड इग्लेसियास
वार डॉग्स इज
2017 ओवरड्राइव स्टेफनी
ब्लेड रनर 2049 जोई
2018 कोराजोन एलेना रमिरेज़ शॉर्ट फिलिम
2019 एंटरिंग रेड आना शॉर्ट फिलिम
इन्फॉर्मर सोफिया कोस्लो
वैस्प नेटवर्क एना मार्गरीटा मार्टिनेज
नाइव्ज आउट मार्टा काब्रेरा
2020 सर्जियो कैरोलिना लारियरा
नाइट क्लर्क आंद्रेया रिवेरा
2021 नो टाइम टु डाई पालोमा
2022 डीप वाटर मेलिंडा वैन एलन
ग्रे मैन दानी मिरांडा
ब्लौंड नोर्मा जीन
2023 गोस्टेड सैडी रोड्स
2024 बैलेरीना रूनी / द बैलेरीना पोस्ट प्रोडक्शन के काम चल रहल बा

टेलीविजन[संपादन करीं]

साल टाइटिल रोल नोट
2007 एल एडेन पेर्डिडो ग्लोरिया टेलीविजन फिल्म
2007-2010 एल इंटरनाडो कैरोलिना लील सोलिस 56 एपिसोड
2010-2011 हिस्पैनिया, ला लेयंडा नेरिया 17 एपिसोड
2023 सॅटर्डे नाईट लाइव खुद (मेजबान) एपिसोड: "आना दे अरमास/ कैरोल जी"।

म्यूजिक वीडियो[संपादन करीं]

साल टाइटिल रोल कलाकार लोग
2009 "मुंडो फ्रैगिल" नीना साइडकार
2018 "एवरीडे" चिका ओरिशास
2020 "एंटेस क्यू एल मुंडो से अकाबे " खुद रेजिडेंट

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Ana de Armas, de 'Hispania' y Marc Clotet, de 'Física o química' se han casado en la Costa Brava". HOLA USA (स्पैनिश में). 20 July 2011. Archived from the original on 9 June 2020. Retrieved 14 March 2020.
  2. "Marc Clotet confirma su separación de Ana de Armas: 'Ha sido de mutuo acuerdo'". HOLA. 17 February 2013. Archived from the original on 9 June 2020. Retrieved 14 March 2020.
  3. de Armas, Ana (18 June 2016). "Forever.... @franklinlatt". @Ana_d_Armas (अंग्रेजी में). Retrieved 23 April 2020.
  4. "Ana de Armas encuentra nuevo amor y cumple su sueño americano en Hollywood". Diez Minutos (स्पैनिश में). 5 August 2015. Archived from the original on 24 March 2020. Retrieved 17 March 2020.
  5. "¿A quién besa Ana de Armas?". zeleb.es (स्पैनिश में). Archived from the original on 24 March 2020. Retrieved 13 March 2020.
  6. "Ana de Armas se 'codea' con Beyoncé en Hollywood". HOLA USA (स्पैनिश में). 25 August 2016. Archived from the original on 24 March 2020. Retrieved 14 March 2020.
  7. Russian, Ale (18 January 2021). "Ben Affleck and Ana de Armas Split, Says Source: 'They Are in Different Points in Their Lives'". People. Archived from the original on 8 March 2021. Retrieved 20 January 2021.
  8. Crabtree, Erin (18 January 2021). "Ben Affleck and Ana de Armas Split After Nearly 1 Year Together". US Magazine. Archived from the original on 4 February 2021. Retrieved 20 January 2021.
  9. Sanguino, Juan (4 November 2019). "Ana de Armas: la actriz que España infravaloró y Hollywood abrazó". El País (स्पैनिश में). Archived from the original on 16 May 2022. Retrieved 10 March 2022.
  10. McKinght, Jenni. "Ana de Armas buys $7m home in rural Vermont after privacy issues". Hello Magazine. Archived from the original on 14 March 2023. Retrieved 14 March 2023.
  11. Stern, Marlow (2023-04-16). "SNL Host Ana de Armas Announces She's About to Become a U.S. Citizen". Rolling Stone (अमेरिकी अंग्रेजी में). Archived from the original on 16 April 2023. Retrieved 2023-04-16.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]