आत्मकथा

विकिपीडिया से

आत्मकथा (अंग्रेजी: autobiography, ऑटोबायोग्राफी) आपन खुद के जिनगी के बारे में खुदे लिखल जीवनी होला। आमतौर पर ई नॉन-फिक्शन रचना होखे ले, हालाँकि, कबो-काल्ह ई आत्मकथात्मक गल्प के रूप में भी हो सके ले, जइसे कि आत्मकथात्मक उपन्यास।

आत्मकथा संस्मरण से मिलत-जुलत बाकी एकरा से अलग किसिम के रचना होला काहें से कि संस्मरण में लेखक अपने आसपास के वातावरण भा अन्य लोगन के बर्णन करे लें जबकि आत्मकथा के केंद्र में खुद लेखके के जिनगी होखे ला। आत्मकथा ब्य्क्तिपरक होखे लीं आ लेखक जान के कुछ तथ्य लुकवा सके लें चाहे कुछ मात्रा में झूठ बर्णन क सके लें। एही कारन इतिहासकार लोग आत्मकथा में लिखल बिबरन के पुष्टी अन्य स्रोत के करे के कोसिस करे ला।