आई एम द क्लब रॉकर

विकिपीडिया से

आई एम द क्लब रॉकर (माने: हम हईं क्लब रॉकर) रोमानियाई गवइआ इन्ना के दुसरका स्टूडियो एल्बम हवे जेकरा 19 सितंबर 2011 मे रोटन 2009 के एल्बम हॉट के बाद अनलस। एकरा बनावे आ लिखे के सउँसे काम प्ले एंड विन सम्हरलस आ जुआन मैगन एल्बम के पहिलका गीत "अन मोमेंटो" (माने: एगो छन) ला अतिरिक्त प्रोडक्शन उपलब्ध करवलें। सुरुआत मे एकर नाँव पावरलेस होखे के चरचा रहे, एह एल्बम के रिलीज के चलते इन्ना आपन बिस्वव्यापी फैनबेस के प्रोत्साहित कइली कि ऊ लोग अपना के "क्लब रॉकर्स" के रूप मे पुष्टि करे। आई एम द क्लब रॉकर के यूरोपॉप, डांस-पॉप, टेक्नो आ हाउस रिकार्ड बतावल गइल आ गायक के स्वर के ऑटो-ट्यून से प्रोसेस कइल गइल।