आइसोटोप

विकिपीडिया से

आइसोटोप कौनों एकही रासायनिक तत्व के अलग-अलग भेद होलें जिनहन में न्यूट्रान नंबर, आ एकरे चलते द्रब्यमान नंबर अलग-अलग होला। कौनों भी रासायनिक तत्व के सगरी परमाणु सभ में प्रोटान के संख्या त एकही होला बाकी न्यूट्रान के संख्या में अंतर होखे के कारण इनहन के द्रब्यमान भी अलग-अलग हो जाला।

आइसोटोप शब्द यूनानी भासा के दू गो शब्दन के मिला के बनल हवे आइसो (सेम) आ टोप (अस्थान); मतलब ई कि अइसन तत्व जिनहन के पीरियाडिक टेबल में जगह सेम होखे ला भले इनहन के द्रब्यमान अलग होखे आ एही कारण ई एकही तत्व मानल जालें।

संदर्भ[संपादन करीं]