अवन

विकिपीडिया से

अवन चाहे ओवन (अंग्रेजी: oven) एगो अइसन जुगति भा औजार हवे जेकर इस्तेमाल चीजन के गरमी के सोझा रख के पकावे में होखे ला। ओवन में खोंखर चेंबर नियर जगह होला आ एह चेंबर के नियंत्रित तरीका से गरम करे के साधन होला। पुरातन जमाना से ले के अबतक ले इस्तेमाल में, इनहन के इस्तेमाल कंट्रोल कइल ताप के जरूरत वाला कई किसिम के काम सभ के पूरा करे खातिर कइल गइल बा। अब जब कि इनहन के इस्तेमाल कई तरह के काम खातिर होला, इनहन के कई किसिम भा प्रकार में बाँटल जा सके ला जेकर आधार ई हो सके ला कि कवना काम खातिर इस्तेमाल हो रहल बाटे चाहे ईहो आधार हो सके ला कि गरम करे वाला ताप कवना बिधि से पैदा कइल जा रहल बा।

अक्सर ओवन के इस्तेमाल खाना पकावे खातिर कइल जाला, जहाँ इनहन के इस्तेमाल से खाना के जरूरी तापमान पर गरम कइ के पकावल जा सके ला। सिरेमिक (चीनी मट्टी) आ माटी के बर्तन बनावे में भी ओवन के इस्तेमाल होला; सभसे सहज रूप देसी आवाँ होला जे एक किसिम के छोट भट्ठी होला। मेटालर्जिकल भट्ठी धातु सभ के निर्माण में इस्तेमाल होखे वाला ओवन सभ हवें जबकि कांच के भट्ठी ओवन सभ के इस्तेमाल होला जेकर इस्तेमाल कांच पैदा करे खातिर होला।

कई तरीका बाड़ें जिनहन से से अलग-अलग प्रकार के ओवन में ताप पैदा होखेला। कुछ ओवन सभ कौनों ईंधन के जरा के गरमी पैदा करे लें, जइसे कि लकड़ी, कोयला, चाहे प्राकृतिक गैस, जबकि कई किसिम के अवन बिजली के इस्तेमाल करे लें। माइक्रोवेव अवन के भीतर चीज माइक्रोवेव रेडिएशन के संपर्क में आ के गरम होखे लीं जबकि बिजली के भट्ठी रेजिस्टेंस से पैदा ताप के इस्तेमाल से गरमी पैदा करे लीं। कुछ ओवन सभ में जबरिया कन्वेक्शन करावल जाला, हीटिंग चेंबर के अंदर गैस सभ के गति दिहल जाला, हीटिंग के प्रासेस के बढ़ावे खातिर, या कुछ मामिला में, गरम होखे वाला सामग्री के गुण सभ के बदले खातिर, जइसे कि स्टील के उत्पादन के बेसेमर तरीका में अइसने बिधि इस्तेमाल होला। एयर फ्रायर अइसने तरीका के अवन होला जेह में पंखा चला के भीतर के हवा के सर्कुलेट कइल जाला एकरा चलते खाना जल्दियो पाके ला आ ओकर कुरकुरापन बढ़ जाला।