आइफोन 6एस

विकिपीडिया से

आईफोन 6S और 6S प्लस स्मार्ट फोन हंवस जवन की एप्पल इनकॉरपोरेशन द्वारा डिजाइन, विकसित और मार्केटिंग कइल गइल बान स। इन्हन क घोषणा 9 सितंबर 2015 के बिल ग्राहम सिविक ऑडिटोरियम सैन फ्रांसिस्को में एप्पल इंक की सीईओ टीम कूक द्वारा कइल गइल रहे।[1] और आईफोन 6 और 6S, 2014 में लॉन्च भइल आईफोन 6 और 6 प्लस की पीढ़ी क और आईफोन सीरिज क ध्वजवाहक डिवाईस रहन स जबले की सितंबर 7, 2016 के उन्हन क जगह आईफोन 7 और से आईफोन 7 प्लस नाहीं ले लिहलस।

आईफोन 6S क डिजाइन आईफोन 6 की नियर रहे मगर नया हार्डवेयर, नया बेहतर और मजबूत चेसिस, अद्यतन चीप, 12 मेगापिक्सेल कैमरा, सुधरल फिंगरप्रिंट रेकोग्निशन सेंसर और LTE एडवांस्ड सपोर्ट की साथ रहे। ए रिलीज की साथ आईफोन एगो नया फीचर लेके आइल जेके 3डी टच की नांव से जानल गइल, एकरी मदद से प्रेशर सेंसेटिव टच इनपुट्स दिहल जा सके।

आईफोन 6S पहिला साप्ताहंत में बिक्री क नया रिकॉर्ड कायम कइलस, एकर 13 मिलियन मॉडल बिकइ न स, जबकि पिछला साल आईफोन 6 क 10 मिलियन मॉडल बिकल रहन स।

विशेष विवरण[संपादन करीं]

हार्डवेयर[संपादन करीं]

आईफोन 6S क डिजाइन आईफोन 6 की तरह ही बा। पिछला मोडल में आइल “बेंडगेट” डिजाइन खामी के सुधारे खातिर आईफोन 6S में 7000 सीरीज एल्युमीनियम अलॉय क इस्तेमाल कइल गइल बा जेसे एकर चेसिस मजबूत और टिकाऊ भइल बा।[2] कलर की विकल्प में पहिले से मौजूद गोल्ड, सिल्वर और स्पेस ग्रे की अलावा एगो नया रोज गोल्ड कलर क विकल्प भी उपलब्ध करावल गइल बा।

आईफोन 6S के ताकत देवे खातिर नया A9 चिप लगावल गइल बा जवन कंपनी की अनुसार A8 से 70% तेज बा और 90% बेहतरीन ग्राफिक्स देखावेला। आईफोन 6S में 2 जीबी रैम बा, जवन की एकरी पिछला कौनों वर्जन से अधिका बा और इ LTE एडवांस भी सपोर्ट करेला, 6S क टच आई डी सेंसर भी अपडेट भइल बा, एकर नया वर्जन फिंगरप्रिंट स्कैनिंग परफॉर्मेंस के पिछला वर्जन से और भी बेहतर बनावेला।

एकर बैटरी क्षमता हालांकि पिछला फोन मोडल से थोड़ा कम बा तबो एपल 6 और 6S प्लस क बैटरी क्षमता के आपन पिछला फोन मॉडल्स की बैटरी क्षमता की बराबरे बतावेला। हालांकि ए डिवाइस की साथ ए बात क प्रचार नाहीं कइल गइल फेर भी ए फोन की इंटरनल डिजाइन की हिसाब से एमें पानी से बचाव क कुछ इंतजाम लउकेला।

एकर डिस्प्ले आईफोन 6 की साइज़ में ही आवेला, 4.7 इंच, 750 पिक्सेल और 5.5 इंच 1080 पिक्सल की साइज वेरिएशन में उपलब्ध बा। ए फोन में एगो नया फीचर जोड़ल गइल बा जेके 3डी टच की नांव से जानल जाला।

आईफोन 6S में 12 मेगापिक्सल रियर कैमरा लागल बा जबकि पिछला वर्जन में 8 मेगापिक्सेल रहे और साथ ही 5 मेगापिक्सल फ्रंट फेसिंग कैमरा भी बा। इ 4K वीडियो रिकॉर्ड क सकेला साथ ही 1080 पिक्सेल वीडियो 60 फ्रेम और अब 120 फ्रेम प्रति सेकंड की स्पीड से रिकॉर्ड क सकेला।[3][4]

शुरुआत में आईफोन 6 और आईफोन 6S मॉडल 16, 64 और 128 जीबी इंटरनल स्टोरेज की विकल्प की साथ उपलब्ध रहन स, सितंबर 2016 में आईफोन 7 की रिलीज की साथ ही एकर 16 और 64 जीबी क मॉडल्स बंद करा गईन स और इन्हन की जगह एगो नया मॉडल 32 जीबी वर्जन में उपलब्ध करावल गइल।

संधर्भ[संपादन करीं]

  1. Rubin, Ben Fox; Tibken, Shara (सितंबर 9, 2015). "Apple unveils iPhone 6S, 6S Plus, aiming to tighten grip on high-end smartphones". CNET. Retrieved दिसंबर 21, 2016. {{cite web}}: Italic or bold markup not allowed in: |publisher= (help)
  2. Moynihan, Tim (सितंबर 9, 2015). "You Can't See the iPhone 6S and 6S Plus' Biggest Changes". Retrieved सितंबर 12, 2015.
  3. Dent, Steve (सितंबर 9, 2015). "Apple's iPhone 6s camera makes a huge leap in quality". Engadget. AOL. Retrieved सितंबर 12, 2015.
  4. Ho, Joshua (सितंबर 9, 2015). "Hands On With the iPhone 6s and iPhone 6s Plus". Anandtech. Purch, Inc. Retrieved सितंबर 12, 2015.

बाहरी कड़ियाँ[संपादन करीं]