हरीकेन इरमा

विकिपीडिया से
Hurricane Irma
Category 5 major hurricane (SSHWS/NWS)
Hurricane Irma at peak intensity near the U.S. Virgin Islands on September 6
FormedAugust 30, 2017
DissipatedSeptember 15, 2017
(Extratropical after September 12)
Highest winds1-minute sustained: 185 mph (295 km/h)
Lowest pressure914 mbar (hPa); 26.99 inHg
Fatalities101 total (as of September 19)
Damage> $62.87 billion (2017 USD)
(Unofficially fourth-costliest hurricane on record)
Areas affectedCape Verde, Leeward Islands (especially Barbuda, Saint Barthelemy, Saint Martin and the Virgin Islands), Greater Antilles (Cuba and Puerto Rico), Turks and Caicos Islands, The Bahamas, Eastern United States (especially Florida)
का हिस्सा 2017 Atlantic hurricane season

इरमा हरीकेन (Hurricane Irma) एगो बहुत पावरफुल उष्णकटिबंधी चक्रवात बा जे अटलांटिक महासागर के कैरीबियन इलाका में लीवर्ड दीप, आ प्यूर्टो रिको, क्यूबाफ्लोरिडा के आपना जद में लिहले बा। साफिर-सिम्पसन पैमाना पर एकरा के श्रेणी 5 के चक्रवात बतावल जा रहल बा जेकर मतलब बा की ई बहुत भारी नुकसान पहुँचावे में सक्षम तूफ़ान बा।

30 अगस्त के, केप वर्डे के लग्गे, ई एगो उष्णकटिबंधी तरंग से तूफान के रूप लिहलस जबकि ई तरंग दू दिन पहिले अफिरका के किनारा से सुरू भइल रहे। वर्तमान खबर के मोताबिक ई अटलांटिक महासागर में अब तक के रिकार्ड कइल गइल सभसे शक्तिशाली तूफ़ान बा[1] आ एकर साइज लगभग फ्रांस के बरोबर बा।[2] लगातार हवा बहाव (सस्टेंड विंड) के सभसे ढेर तेजी अनुसार ई 2005 में आइल हरीकेन विल्मा के बाद दुसरा सभसे पावरफुल, आ हवादाब के कमी के मामिला में 2007 में आइल हरीकेन डीन के बाद सभसे शक्तिशाली तूफ़ान बतावल जा रहल बा। अबतक के रिकार्ड में इरमा अइसन पहिला श्रेणी 5 के तूफान बा जे उत्तरी लीवर्ड दीप के अपना जद में लिहले होखे। ई एगो टिपीकल केप वर्डे हरीकेन बा[3][4][5] जवन की साल 2017 के अटलांटिक हरीकेन सीजन के नउवाँ तूफान बा जेके नाँव दिहल गइल होखे, चउथा हरीकेन बा, आ दुसरा भयानक हरीकेन बाटे।[6][7][8] टिपीकल, यानी की अपने तरह के प्रकार के सभसे सामान्य लच्छन वाला, प्रकार में बिना कौनों अपवाद के स्थिति वाला, केप वर्डे हरीकेन, अटलांटिक महासागर में अफिरका के पच्छिमी किनारा से सुरू होखे वाली उष्णकटिबंधी तरंग के रूप में होलें आ केप वर्डे ले चहुँप के ई चक्रवात के रूप धारण का लेलें जिनहन के एह इलाका में हरीकेन कहल जाला, आ ई वेस्ट इंडीज आ कैरेबियन दीप सभ के ऊपर होत, अमेरिका के फ्लोरिडा किनारा से टकराव करे लें।

जब इरमा हरीकेन के रूप लिहलस, एकरा 24 घंटा के भितरे, अनुकूल दसा पा के ई श्रेणी 2 के हरीकेन हो गइल। कुछ समय के बाद ई एगो प्रमुख हरीकेन बन गइल जब ई श्रेणी 3 के हरीकेन के रूप ले लिहलस। हालाँकि, एकरे बाद एह में हवा के बहाव में कुछ उतार-चढ़ाव देखल गइल, 5 सितंबर के ई श्रेणी 5 के हरीकेन बन गइल आ भयावह हो गइल। एकरे बाद एह में लगातार बहे वाली सभसे तेज हवा के बेग 185 मील प्रति घंटा (295 किमी/घं) आ एकरा सेंटर में सभसे निचला हवादाब 914 मिबार (914 हेक्टोपास्कल; 27.0 inHg) दर्ज कइल गइल। एह आधार पर ई 1970 के हरीकेन एलेन के बाद सभसे तेज हवा बहाव वाला हरीकेन बा। कैरेबियन के इलाका से बाहर, मुख्य अटलांटिक बेसिन में ई अबतक के सभसे तेज हरीकेन बतावल जा रहल बा आ साल 2017 में पूरा दुनिया में आइल चक्रवात सभ में भी अब तक ले के सभसे तेज चक्रवात बा।

ई तुफान अब तक ले, बारबूडा, सेंट बार्थेलेमी, सेंट मार्टिन, एंग्विला आ वर्जिन दीप में भारी तबाही मचा चुकल बा। उत्तरी लीवर्ड दीप से टकराये वाला ई सभसे ताकतवर तुफान रहल आ एह इलाका में आवे वाला तुफान सभ में भी सभसे भयानक साबित भइल बा। 7 सितंबर के यूटीसी समय अनुसार दुपहरिया ले एकरे कारन कम से कम 10 लोग के जान जा चुकल बा।[9]

मौसमबिज्ञानी समयरेख[संपादन करीं]

तुफान के रस्ता देखावे वाला नक्सा, साफिर-सिम्पसन पैमाना पर तुफान के तेजी के साथ।

पच्छिमी अफिरका के किनारा से पैदा भइल उष्णकटिबंधी लहर के अमेरिकी नेशनल हरीकेन सेंटर (NHC) 26 अगस्त से मॉनिटर करे सुरू कइलस।[10] 27 तारीख के ई लहर महादीप के किनारा से समुंद्र में बढ़ल। अगिला दू दिन के दौरान, एह लहर के साथ चले वाला बौछार आ झंझावात के सिस्टम साफ-साफ तरीका से ब्यवस्थित तुफान के रूप ले लिहलस। 29 अगस्त के जब ई केप वर्डे के ठीक दक्खिन ओर से गुजरल, स्पष्ट रूप से कम दबाव वाला क्षेत्र बन चुकल रहे[11] आ एनएचसी द्वारा ई घोषणा कइल गइल की अगर अउरी ब्यवस्थित रूप लेई तब ई उष्णकटिबंधी चक्रवात के रूप ले ली।[12]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Danny Boyle (2016-02-16). "Hurricane Irma: Strongest ever Atlantic storm causes 'major damage' on Caribbean islands - latest news". Telegraph.co.uk. Retrieved 2017-09-06.
  2. Martin, Sean. "Hurricane Irma satellite video shows storm size of FRANCE heading straight for Florida | Science | News". Express.co.uk. Retrieved 2017-09-06.
  3. Angela Chen (सितंबर 1, 2017). "Harvey's not over, but Hurricane Irma is now headed toward the East Coast". The Verge. Retrieved सितंबर 4, 2017.
  4. Brandon Miller (सितंबर 2, 2017). "Powerful Hurricane Irma could be next weather disaster". CNN. Retrieved सितंबर 2, 2017.
  5. Rob Gutro (अगस्त 30, 2017). "GPM satellite sees Tropical Storm Irma forming near Cape Verde Islands". Phys.org. Retrieved सितंबर 4, 2017.
  6. McNoldy, Brian (अगस्त 30, 2017). "Tropical Storm Irma forms in Atlantic, and we're still watching Gulf of Mexico early next week". The Washington Post (अंग्रेजी में). ISSN 0190-8286. Retrieved सितंबर 6, 2017. {{cite news}}: Cite has empty unknown parameter: |dead-url= (help)
  7. Reuters (सितंबर 1, 2017). "Hurricane Irma intensifies over the Atlantic". Archived from the original on 2017-09-06. Retrieved सितंबर 6, 2017. {{cite web}}: |last= has generic name (help); Cite has empty unknown parameter: |dead-url= (help)
  8. Koren, Marina (अगस्त 31, 2017). "Hurricane Irma Just Hit Category 3". The Atlantic (अंग्रेजी में). Retrieved सितंबर 6, 2017. {{cite news}}: Cite has empty unknown parameter: |dead-url= (help)
  9. Hurricane Irma causes devastation in the Caribbean BBC News
  10. Eric S. Blake (अगस्त 26, 2017). "Graphical· Tropical Weather Outlook". Miami, Florida: National Hurricane Center. Retrieved अगस्त 30, 2017.
  11. Eric S. Blake (अगस्त 29, 2017). "Graphical Tropical Weather Outlook". Miami, Florida: National Hurricane Center. Retrieved सितंबर 4, 2017.
  12. Eric S. Blake (अगस्त 29, 2017). "Graphical Tropical Weather Outlook". Miami, Florida: National Hurricane Center. Retrieved सितंबर 4, 2017.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]