कैश मेमोरी

विकिपीडिया से

कैश मेमोरी या सीपीयू कैश एक तरह के हार्डवेयर कैश होला जे सीपीयू (सेंट्रल प्रोसेसिंग यूनिट) द्वारा इस्तमाल कइल जाला जवना से कि डेटा ले चहुँपे में औसत लागत (समय के रूप में भा एनर्जी के रूप में) के बचत कइल जा सके। सिस्टम के जब कवनों काम करे के होला आ ओह काम के करे खातिर जवना डेटा के जरूरत पड़े ला एह जरूरत के डेटा अनुरोध कहल जाला। डेटा अनुरोध पैदा होखे पर सीपीयू सभसे पहिले कैश मेमोरी में खोजे ला आ अगर ओहिजे ओकरा के जरूरी डेटा मिल जाला तब बाकी कहीं ना देखे ला आ उहँवे से डेटा रीड क के काम पूरा क देला। ज्यादातर सीपीयू सभ में बाकी मेन मेमोरी से आजाद रूप में अलगा से कैश मेमोरी होले जवन कई लेवल (हेरार्की) में ब्यवस्थित होले (एल1, एल2, वगैरह)।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]