विकिपीडिया:इतिहास में आजु/10 सितंबर
ई इतिहास में 10 सितंबर के भइल घटना सभ के लिस्ट बाटे, जवन मुख्य पन्ना के "आजु के दिन" खंड में देखावल जाला। नया आइटम के सुझाव देवे खातिर, आम तौर पर आप निर्भीक हो के एह पन्ना के संपादन कर सकत बानी। अगर नया बानी त संपादन करे से पहिले "इतिहास में आजु" दिशानिर्देश जरूर पढ़ीं। हालाँकि, अगर आप जवन चीज जोड़ल चाहत बानी अगर ओह पर कौनों बिबाद के संभावना होखे तब, या अगर ई पन्ना जल्दिये मुख्य पन्ना पर देखावल जाए वाला होखे तब, आपन सुझाव के एकरे वार्ता पन्ना पर लिख दीं, सीधे एही में मत जोड़ीं।
नोट करीं कि विकिपीडिया के मुख्य पन्ना पर देखावल जाये वाली चीज सभ के चुनाव ओह में कड़ी के रूप में दिहल जाये वाले लेख के क्वालिटी आ अउरी बाकी मुख्य पन्ना के आइटम के साथ तारतम्य के आधार पर होला, ई चुनाव ख़ाली भर [[वि::उल्लेखनीयता|चीज के महत्वपूर्ण या सही होखे]] के आधार पर ना होला। एक बेर में चार से ले के छह गो ले आइटम देखावल जा सके ला। एही से हर ऊ चीज जवन "बहुत जरूरी आ महत्व के होखे" इहाँ ना देखावल जा सकेला। एकरे अलावा, अगर कौनों बात के उल्लेख बीछल लेख भा बीछल फोटो में पहिलहीं हो रहल बाटे तब ओ से जुड़ल चीज इहाँ एह साल ना देखावल जाला।
जवना समय ई मुख्य पन्ना पर देखाई दे रहल होखे, आ एह में कवनों किसिम क खराबी लउके, रिपोट करे खातिर मुख्य पन्ना खराबी देखीं। धियं रहे कि ई लिस्ट एह में कड़ी के रूप में दिहल लेख सभ से कुछ अलग तरह से भी तथ्य देखावत हो सकेले। बदलाव से पहिले विकिपीडियन लोग मंडली में आम सहमती बनावे के कोसिस करीं, सीधे इहाँ बदलाव मत करीं।
- १८९८ – ऑस्ट्रिया के महारानी एलिजाबेथ पर जेनेवा, स्विट्जरलैंड में "प्रोपगैंडा ऑफ दि डेड" नाँव के घटना में, इतालवी आर्टिस्ट लुइगी लुचेनी, जानलेवा रूप से हमला करि दिहलें।
- १९४६ – सिस्टर टेरेसा बोजक्सी, बाद में मदर टेरेसा के दार्जिलिंग में एगो रेल यात्रा के समय दिब्य अनुभव भइल जवना के ऊ "आवाज के भीतर से आवाज" के नाँव दिहली आ ई बाणी उनुके "कान्वेंट छोड़ के गरीब लोग के बीच रहे आ उनहन लोग के मंद करे के आदेश कइलस"।
- २००७ – नवाज़ शरीफ़, पाकिस्तान के प्रधानमंत्री, आठ साल के देसनिकाला के बाद वापस पाकिस्तान लवटलें।
- २००८ – सर्न के लार्ज हैड्रान कोलाइडर, जवन फ्रांस आ स्विट्जरलैंड के बाडर पर मौजूद दुनिया के सभसे बड़हन पार्टिकल एक्सीलरेटर बाटे, अब तक के सबसे बड़ा वैज्ञानिक प्रयोग खतिर चालू कइल गइल।
- अउरी तारीख देखीं: