टेम्पलेट:Main page FA/Item5

विकिपीडिया से
बनारस के घाट
बनारस के घाट

बनारस या वाराणसी भारत की उत्तर प्रदेश में गंगा नदी की तीरे बसल एगो विश्वप्रसिद्ध शहर अउरी हिन्दू धर्म क सबसे महत्वपूर्ण तीरथन में गिनल जाये वाला अस्थान हउवे।

सांस्कृतिक रूप ई बाबा बिसेसरनाथ के नगरी हवे आ एकरा बारे में पुराणन में कहल बा कि ई साक्षात् भगवान शंकर की त्रिशूल पर स्थित बा आ पूरा विश्व में प्रलय भइला पर भी ई नगरी अपनी अस्थान पर अडिग रहेले। शिव के अविमुक्तेश्वर रूप में अस्थान लिहला की कारण ए नगरी के अविमुक्तेश्वर क्षेत्र कहल जाला। बनारस के मोक्ष देवे वाला भी मानल जाला आ एकरा के महाश्मशान भी कहल जाला।

हिंदू धर्म के अलावा, बौद्ध धर्म आ जैन धर्म के माने वालन खातिर भी ए शहर के महत्व बा। इहाँ से करीब दस किलोमीटर दूर सारनाथ नाँव के अस्थान परेला जहाँ भगवान बुद्ध आपन पहिला उपदेश दिहले रहलन।