टेम्पलेट:Main page FA/Item3

विकिपीडिया से
फ्रीडा पिंटो
फ्रीडा पिंटो

फ्रीडा पिंटो (जनम 18 अक्टूबर 1984) एक ठो भारतीय अभिनेत्री बाड़ी जे अबतकले मुख्य रूप से अमेरिकी आ ब्रिटिश फिलिम सभ में काम कइले बाड़ी। मुंबई में पलल-बढ़ल पिंट, बचपने में ऐक्ट्रेस बने के सोच लिहली आ पढ़ाई के बाद, मॉडल आ टीवी प्रस्तुतकर्ता के काम कइली आ फिलिम ऐक्ट्रेस बन गइली।

पिंटो के 2008 में आइल ब्रिटिश फिलिम 'स्लमडॉग मिलियनेयर' में लतिका के रोल से पहिचान मिलल, पहिलिये फिलिम के बावजूद काम के बहुत तारीफ भइल, पाम स्प्रिंग इंटरनेशनल फिलिम फेस्टिवल में ब्रेकथ्रू परफौरमेंस अवार्ड मिलल, आ बाफ्टा के कई ठे श्रेणिन में नामांकन भइल। एकरे बाद ऊ कई ठे अमेरिकी आ ब्रिटिश फिलिम सभ में लउकली आ इनके सभसे बड़ सफलता मिलल 'साइंस फिक्शन' फिलिम राइज ऑफ दि प्लैनेट ऑफ एप्स (2011) से। पिंटो, माइकल विंटरबॉटम के फिलिम तृष्णा (2011) में मुख्य रोल कइली आ डेजर्ट डांसर (2014) में इनके परफारमेंस के समालोचक लोग भी सराहल।

बिदेसी फिलिम सभ में भारतीय नारी के रूढ़ पहिचान तूरे खातिर भारतीय मीडिया में इनके तारीफ जरूर भइल बाकी भारतीय सिनेमा में उनके कमे पहिचान मिलल बाटे। फिलिम कैरियर के आलावा ऊ नारी सशक्तीकरण आ मानवतावादी मुद्दा सभ के परमोशन से भी जुड़ल बाड़ी।