पार्क कैलंग्यूट

विकिपीडिया से

गोवा की कैलंग्यूट में एकदम समुद्र बीच पर आइल, पार्क कैलंग्यूट गोवा परिष्कृत शैली तथा स्थानीय कला और संस्कृति की सही मिश्रण की साथ एगो शानदार होटल ह। ए होटल में रहे खातिर शानदार आवास सुविधा उपलब्ध बा, जवन सुन्दर और आकर्षक रूप से डिजाइन और कईगो आधुनिक सुविधा से सुसज्जित बा। ए होटल की इंफ्रास्ट्रक्चर और इंटीरियर डिजाइनिंग में भव्यता दिखाई देला। कुल मिला के माहौल सुखदायक और शांतिपूर्ण वाइब्स से भर जाला जवन केहु क मूड उत्तेजित क सकेला। इ होटल क स्थान व्यापार और मनोरंजन केंद्रन खातिर आसान पहुंच प्रदान करेला।[1]

विशेषताएं[संपादन करीं]

इ होटल रेस्तरां, बार, स्विमिंग पूल और कला भोजनालय जैसन कईगो सुविधा प्रदान करेला।[2] रेस्तरां मुंह में पानी ले आ दे ऐसन भोजन क एगो रेंज प्रदान करेला। मेहमान एइजा की बार में विभिन्न प्रकार क स्पिरिट, शराब और कॉकटेल क मजा ले सकेला लो। इ होटल बड़ा सम्मेलन, उत्पाद लॉन्च, बोर्ड रूम चर्चा, फैशन कार्यक्रम या फेर अंतरंग कॉकटेल रात्रिभोज की आयोजन खातिर कला भोज हॉल क सुविधो प्रदान करेला। आपन थकान दूर करे खातिर, आप कईगो विभिन्न सुविधा की साथ उपलब्ध स्विमिंग पूल में गोताखोरी क आनंद ले सके नी। [3]

मेहमानन की सुविधा खातिर एक्सप्रेस चेक इन चेक आउट क सुविधा उपलब्ध बा। शुल्क की साथ हवाई अड्डा ले परिवहन क सुविधा क पेशकश कइल जाला। मेहमान लोगन की सुविधा खातिर एगो मुफ्त पार्किंग सुविधा उपलब्ध बा, पर्यटन और टिकट सहायता प्रदान करे खातिर एगो यात्रा डेस्क क स्थापना कइल गइल बा। आपातकाल की मामला में, चिकित्सा सेवा प्रदान कइल जाला।

सन्दर्भ[संपादन करीं]

  1. "The Park Calangute where frolic meets poise". knocksense.com. Retrieved 11 अप्रैल 2017.
  2. "About The Park Calangute". cleartrip.com. Retrieved 11 अप्रैल 2017.
  3. "Park Hotel Goa". theparkhotels.com. Archived from the original on 2017-05-08. Retrieved 11 अप्रैल 2017.