टेम्स नदी
टेम्स (Thames) | |
River | |
लंदन में टेम्स
| |
देस | इंग्लैंड |
---|---|
काउंटी सभ | Gloucestershire, Wiltshire, Oxfordshire, Berkshire, Buckinghamshire, सर्रे, एसेक्स, केंट |
मेट्रोपोलिटन काउंटी | ग्रेटर लंदन |
शहर/कस्बा | Cricklade, Lechlade, ऑक्सफोर्ड, Abingdon, Wallingford, Reading, Henley-on-Thames, Marlow, Maidenhead, Windsor, Staines-upon-Thames, Walton-on-Thames, Kingston upon Thames, Teddington, लंदन, Dartford, Gravesend, Southend |
उदगम | |
- लोकेशन | टेम्स सोता, ग्लूशेस्टरशायर, यूके |
- ऊँचाई | 110 मी (361 फीट) |
मुहाना | टेम्स एस्चुअरी, उत्तर सागर |
- लोकेशन | Southend-on-Sea, Essex, यूके |
- ऊँचाई | 0 मी (0 फीट) |
लंबाई | 346 किमी (215 मील) |
थाला | 12,935 किमी2 (4,994 वर्ग मील) |
जलनिकास | for लंदन |
- औसत | 65.8 m3/s (2,324 cu ft/s) |
Discharge elsewhere (average) | |
- ऑक्सफोर्ड में प्रवेश समय | 17.6 m3/s (622 cu ft/s) |
- ऑक्सफोर्ड से निकलत | 24.8 m3/s (876 cu ft/s) |
- रीडिंग | 39.7 m3/s (1,402 cu ft/s) |
- विंडसर | 59.3 m3/s (2,094 cu ft/s) |
टेम्स नदी (अंग्रेजी: River Thames, /tɛmz/ ( सुनल जाय) TEMZ) इंग्लैंड के एगो प्रमुख नदी हवे आ इंग्लैंड आ यूनाइटेड किंगडम के राजधानी आ दुनिया के एगो सभसे महत्व वाला शहर लंदन एही टेम्स नदी की किनारे बसल बाटे। वर्तमान समय में लंदन शहर के एतना बिस्तार हो चुकल बाटे की अब ई शहर एह नदी की किनारे ना बा बलुक ई नदी अब एह शहर की दक्खिनी हिस्सा से हो के बहे ले।
लंदन की अलावा ऑक्सफोर्ड, रीडिंग, हेनलये आ विंडसर नियर अउरी कई गो प्रसिद्द शहर एह नदी की तीरे बसल बाड़ें।
ई नदी इंग्लैण्ड के सभसे लमहर आ सेवर्न नदी की बाद यूनाइटेड किंगडम के दुसरकी सभसे लमहर नदी ह। एकर कुल लंबाई 236 मील (380 किमी) बाटे। ई तुलनात्मक रूप से देखल जाय त इंग्लैण्ड की सूखा वाला इलाका से गुजरे ले एही से एकर जल निकास के मात्रा अउरी बाकी नदिन की तुलना में कम बाटे।
नदी में 80 से ढेर दीप बाड़ें आ एकरी निचला हिस्सा में एकर पानी समुन्दर से मिल के खारा पानी बन जाल जेवना कारन ई बहुत प्रकार के जीव-जंतु आ बनस्पति के आश्रय दिहले बाटे आ एक ठो प्रमुख बैज्ञानिक रूचि के जगह एकरा लगे बाड़ें जइसे की उत्तरी केंट मार्शेस जेवन 5,449 हेक्टेयर (13,460 एकड़) पर फइलल बाटे।[1]
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ South Thames Estuary And Marshes SSSI Archived 2013-10-21 at the Wayback Machine Natural England. पहुँच 28 नवंबर 2015।
बाहरी कड़ी
[संपादन करीं]विकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया Thames पर मौजूद बा। |
- Where Thames Smooth Waters Glide - Pictures and history and tides and poetry and conditions
- The River Thames Society
- Thames Path National Trail
- River Thames London Hired Boats and News Blog Archived 2022-09-30 at the Wayback Machine
- British Rowing — Clubs
ई यूरोप के भूगोल या अस्थान से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |