Jump to content

सच्चा ईशु गिरजाघर

विकिपीडिया से

"सच्चा ईशु गिरजाघर" (English: True Jesus Church") एगो आत्म-निर्भर गिरजाघर ह जौन चीन के बीजिंग में सन् 1917 में स्थापित भइल रहे। आज लगभग पच्चीस लाख (2.5 मिलियन) लोग अड़तालिस देशन में छौ गो महाद्वीपन में उनकर सदस्य बा लोग। इ गिरजाघर अईसन धर्म के विरोधी डाढ़ के बा जौन बिसवीं सदी के शुरुआत में उभरल रहे। 1932 से इ गिरजाघर भारत में स्थापित भइल। उनकर धर्म रहल बा अईसन धर्म के पाठ "प्रभु ईशु के दुसरका अवतार" आवे से पहिले सभी देशन के पढ़ावे के।

इ गिरजाघर के दस गो प्रमुख सिद्धांत बा:

[संपादन करीं]

पवित्र आत्मा

[संपादन करीं]

"पवित्र आत्मा के वादा, कईयन भाषा के बोली में प्रमाणित बा, इ हमनी के विरासत स्वर्ग राज्य के गारंटी ह"

नामाकरण संस्कार

[संपादन करीं]

"नामाकरण संस्कार (जल बैप्टिज्म) एगो धार्मिक संस्कार ह पाप से मुक्ति पावे खातिर आ पुनर्जीवन खातिर। जल बैप्टिज्म प्राकृत में रहल पानी नदी, समुंद्र आ झरना में करे के चाहीं। पाप से क्षमा खातिर वफा आ प्रायश्चित के साथ बैप्टिज्म करल जरुरी बा। जौन आदमी पहिले से जल बैप्टिज्म कर चुकल बा उ जिसस क्रिस्ट के नाम पर मार्गदर्शन करेला। जौन आदमी बैप्टिज्म प्राप्त कर रहल बा उ के पूर्ण रुप से सिर झुका के चेहरा निचे कि ओर कर के पानी में डुबकी लगावे के पड़ेला।"

चरण धोवाई

[संपादन करीं]

"धार्मिक संस्कार "चरण धोवाई" कईला से कोई भी आदमी प्रभु जिसस के अंग बन जायेला, इ निरंतर रुप में इ भी ध्यान दिलावेला कि आदमी के अन्दर प्रेम, पवित्रता आ माफ कर देवे के क्षमता होवे के चाहीं। जौन भी आदमी जल बैप्टिज्म प्राप्त कर रहल बा उ के प्रभु जिसस के नाम पर आपन गोड़ धोवे के चाहीं। पारस्परिक गोड़ धोवाई कभी भी उचित कोशिश हो सकत बा।"

पवित्र सहभागिता

[संपादन करीं]

"पवित्र सहभागिता (होली कम्युनियन) प्रभु ईशु जिसस क्रिस्ट के मृत्यु के याद में करे जाये वाला एगो संस्कार ह। इ संस्कार हमनी के अन्दर आपन प्रभु ईशु के शरीर के अंश (मांस) आ खुन प्रवेश करावेला जे से हमनी के अनन्त जीवन के प्राप्ती होई आ अन्तिम दिन प्रभु के द्वारा उठावल जाई। इ संस्कार जेतने हो सके ओतने करे के चाहीं इ संस्कार में मात्र एगो ताजा रोटी आ अंगुर के रस प्रयोग होला।"

सब्बाथ दिवस

[संपादन करीं]

"सब्बाथ दिवस" सप्ताह के सातवां दिन (शनिवार) एगो पवित्र दिन ह। इ के भगवान के कृपा मान के हमनी के जीवन के शुरुआत आ भविष्य में अलौकिक शान्ति के कामना करे के चाहीं।"

प्रभु ईशु

[संपादन करीं]

"जिसस क्रिस्ट, जौन शब्द मांस बन गइल, पापियन के मोचन खातिर क्रुस पर चढ़ के मर गइले, तीसरा दिन पुन: जीवीत हो क स्वर्ग चल गइले। उहे एगो मानव जाति के रक्षक बाड़ें, जे स्वर्ग आ पृथ्वी के बनईले बाड़न, आ उहे एगो सच्चा प्रभु बाड़न।"

इसाई ग्रन्थ

[संपादन करीं]

"पवित्र बाइबल में पुरान आ नया संग्रह बा, जौन प्रभु द्वारा प्रेरित बा, मात्र एगो लिखित सच, आ जौन इसाई जिवन खातिर महत्वपुर्ण बा।"

निर्वाण

[संपादन करीं]

"विश्वास के द्वारा प्रभु के कृपा से मुक्ति प्राप्त होला। विश्वासी लोग के पवित्रता हासिल करे खातिर पवित्र आत्मा के अनुशरण करे के चाँही, प्रभु के सम्मान करे के चाँहीं, आ मानवता से प्रेम रखे के चाँही।"

गिरजाघर

[संपादन करीं]

"गिरजाघर के निर्माण प्रभु जिसस क्रिस्ट द्वारा भइल, उ पवित्र आत्मा द्वारा "बरसात के बाद" के दौरान भइल; इ गिरजाघर के पुनर्निर्माण अपॉस्टॉलिक समय में भइल।

अन्तिम निर्णय

[संपादन करीं]

" अन्तिम दिन फेर प्रभु ईशु ई धरती पर स्वर्ग से अइहे आ दुनिया के साथ न्याय करीहे: जे लोग् पुन्य कइले होइ अनन्त् जिवन प्रप्त होइ आ जे पाप कइले होइ उ के निन्दा होइ".