क्रिकेट के मैदान

विकिपीडिया से

क्रिकेट के मैदान एगो बड़हन घास के मैदान होला जवना मे क्रिकेट खेलल जाला। अइसे तऽ ई अकार में अंडाकार होला, तबो एकरा मे बिसाल बिबिधता होला: कवनो कवनो पूरा गोल होला, कवनो-कवनो अंडाकार आ कवनो-कवनो एकदम अनियमित अकार के होला जिनहन मे समरूपता बहुत कम भा ना होला – बाकी इनहन के सीमा पूरा तरीका से घुमावदार होखी, लगभग बिना अपवाद के। एह मैदान मे कौनो निश्चित नाप नइखे बाकी जादे कऽ के एकर व्यास पुरुष क्रिकेट खातिर 450 फीट (137 मीटर) से 500 फीट (150 मीटर) के बीचे बदलत रहेला, आ महिला क्रिकेट खातिर 360 फीट (110 मीटर) से 420 फीट (130 मीटर) के बीच बदलत रहेला। प्रमुख खेल सभ मे (गोल्फ, ऑस्ट्रेलियाई नियम फुटबॉल आ बेसबॉल के साथ) क्रिकेट असामान्य बाटे काहें से कि एकरा मे मैदान ला कौनो आधिकारिक नियम नइखे। बेसी कऽ के मैदान जहवां ओराला ओहिजा रसरी से घेर दिहल जाला आ ओकरा के बाउन्ड्री (माने: सिवान) कहल जाला।