टी-20 अंतराष्ट्रीय

विकिपीडिया से

टी-20 अंतराष्ट्रीय (अंग्रेजी: Twenty20 International) क्रिकेट के एगो रूप हवे, ई अंतराष्ट्रीय क्रिकेट परिसद (ICC) के दू गो इंटरनेशनल सदस्य लोग के बीच खेलल जाला, एह मे हर टीम के बेसी से बेसी बीस ओभर खेले के रहेला। एह मैचन के टॉप क्लास के दर्जा दिहल गइल बा आ ई सबले अधिका टी-20 मानक बा। ई खेल ट्वेन्टी20 क्रिकेट के नियम से खेलल जाला। 2005 मे फॉर्मेट के सुरुआत भइल, टी-20 अंतराष्ट्रीय के दरजा खाली पूरा सदस्य आ कुछ एसोसिएट सदस्य टीम के मिलल रहे। बाकिर, अप्रैल 2018 मे आईसीसी घोषणा कइलस कि ऊ 1 जनवरी 2019 से अपना सगरी 105 सदस्य लोग के टी20आई के दरजा दे दी।