Jump to content

एशिया कप

विकिपीडिया से

एशियन क्रिकेट काउंसिल एशिया कप एगो मरद लोग के एकदिवसीय अंतराष्ट्रीयटी-20 अंतराष्ट्रीय क्रिकेट टूर्नामेंट हवे। ई 1983 मे चालू भइल जब एशियाई देस सभ मे संघत अधिकावे के उपाय के रूप मे एशियाई क्रिकेट काउंसिल के स्थापना भइल। एकर आयोजन मूल रूप से हर दू साल पर होखे के रहे। एशिया कप क्रिकेट के एकमात्र महाद्वीपीय चैम्पियनशिप हऽ आ जीते वाली टीम एशिया के चैंपियन बन जाले। ई हर 2-साल पर एकदिना आ टी20आई फॉर्मेट के बीच बारी-बारी से होला।