कील नहर

विकिपीडिया से
Nord-Ostsee-Kanal
Current map of Kiel Canal in Schleswig-Holstein
Specifications
Length98.26 किमी (61.06 मील)
Maximum boat length235 मीटर (771 फीट)
Maximum boat beam32.5 मीटर (107 फीट)
Geography
Start pointब्रूंसबूटेल (नॉर्थ सागर)
End pointकील (बाल्टिक सागर)

कील नहर जेकरा के पहिले केसर-विल्हेम-कनाल के नाँव से जानल जाय, 98 किमी लमहर साफ़ पानी के नहर बा जे जर्मनी देस के श्लेश्विग-होलस्टीन राज्य में बाटे। ई नहर 1895 में बन के पूरा भइल, बाकी बाद में एकरा के चाकर कइल गइल, आ ई उत्तर सागर के ब्रूंसबूटेल में आ बाल्टिक सागर के कील-होल्टेंनाउ में जोड़े ले। औसतन 250 समुंद्री मील (460 किमी) के दूरी बच जाला अगर कील नहर से हो के गुजरल जाय बजाय कि जटलैंड प्रायदीप के चक्कर मार के इहे जात्रा कइल जाय। एह तरीका से खाली भर दूरी आ समय के बचत भर ना होखे ला बलुक जहाज तूफान वाला समुन्द्र से हो के गुजरे से भी बच जालें आ डैनिश जलजोड़ से हो के गुजरे से भी बच जालें।

कील नहर दुनिया के कुछ सभसे चलनसार बनावटी जलमार्ग हवे आ एह नहर से औसतन हर साल 32,000 (90 जहाज रोज) गुजरे लें आ लगभग 100 मिलियन टन (10 करोड़ टन) माल ढोवे लें। उत्तर सागर आ बाल्टिक सागर के जोड़े के अलावा ई ओल्डेनबूटेल के लगे ईडर नदी से भी गीसेलू नहर द्वारा जुड़ल बाटे।

संदर्भ[संपादन करीं]