घास

विकिपीडिया से
grass leaves
घास के पतई सभ के नगीचे से लिहल फोटो
Grasses
हवा से एक ओर झुकल घास सभ के मैदान

घास एक किसिम के बनस्पति होलीं। साधारन भासा में घास ओह छोट पौधा आ नरम बनस्पति सभ के कहल जाला जे जमीन से कुछे ऊपर ले ऊँच होखे लीं चाहे जमीन पर पसरल रहे लीं आ जिनहन के इस्तेमाल गाइ-गोरू सभ के चारा खातिर होखे ला। सूखल रूप में इनहन के घासफूस चाहे फूस कहल जाला।

बैज्ञानिक रूप से बनस्पति सभ के बर्गीकरण में घास के कुछ दूसर अरथ होखे ला आ इनहन के ऊँचाई बहुत बसियो हो सके ला, जइसे कि बाँस एक किसिम के घास हवे बैज्ञानिक बर्गीकरण के हिसाब से। एही तरीका से बहुत सारा अइसन बनस्पति सभ जे मनुष्य अनाज खाती खेत में उपजावे ला उहो बैज्ञानिक बर्गीकरण में घास के कटेगरी में रखल जालीं, जइसे की गोहूँ, जौ वगैरह।

अंग्रेजी भाषा में घास के ग्रास (grass) कहल जाला आ बैज्ञानिक बर्गीकरण में पोएसियाई (Poaceae, /pˈsi/) भा ग्रामिनियाई (Gramineae, /ɡrəˈmɪni/) बनस्पति परिवार में रखल जालीं। ई बनस्पति सभ के बड़हन परिवार हवे जे फूलदार पौधा (एंजियोस्पर्म) सभ के मोनोकोटालिडान (monocotyledon) भा मोनोकॉट (monocots) उपपरिवार (क्लैड) में रखल जालीं।

घास प्राकृतिक रूप से घास के मैदान के रूप में पावल जालीं जिनहन के घासभूमि (ग्रासलैंड) कहल जाला; बनावटी रूप से लॉन (lawn) में रोपल जा सके लीं; आ प्राकृतिक रूप से जंगल, बन भा रिहाइशी इलाका सभ में जमीन पर अपने आप उगल हो सके लीं। घास के इस्तेमाल मवेशी सभ खातिर हरियर चारा के रूप में हो सके ला; अइसन घास के मैदान सभ के चारागाह चाहे चरहा कहल जाला। सूखल घास के भी बिबिध किसिम के इस्तेमाल हो सके लें।

फोटो गैलरी[संपादन करीं]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]