नॉर्डिक देश

विकिपीडिया से
नॉर्डिक देश सभ के इलाका

नॉर्डिक देश (अंग्रेजी: Nordic countries) चाहे नार्डिक देस, उत्तरी यूरोपउत्तर अटलांटिक में एगो भूगोलीय आ सांस्कृतिक इलाका हवे जेह में डेनमार्क, फिनलैंड, आइसलैंड, नार्वेस्वीडन नियर संप्रभु देश सभ के अलावा फैरो आइलैंड, ग्रीनलैंड नियर खुदशासित राज्य क्षेत्र आ ओलांद खुदशासित प्रदेश आवे लें।

1962 में भइल हेल्सिंकी संधि के अनुसार एह देस आ राज्यक्षेत्र सभ में आपसी सहकार बाटे जे नॉर्डिक काउंसिल के नाम से जानल जाला आ नॉर्डिक काउंसिल ऑफ़ मिनिस्टर्स के गठन भइल हवे।

एह इलाका के लगभग तीन-चउथाई लोग उत्तर जर्मनिक लोग हवे, एकरे बाद फिन लोग आवे ला; ग्रीनलैंड के इनुइट लोग, सामी लोग आ अउरी हालिया बाहर से आ के बसल लोग अन्य मानव नृजाती के बाटे।