क्रिस्टियानो रोनाल्डो

विकिपीडिया से
क्रिस्टियानो रोनाल्डो
रोनाल्डो पुर्तगाली टीम जोरे २०१८ फीफा विश्व कूप में
निजी जानकारी
पूरा नाँव क्रिस्टियानो रोनाल्डो दोस सैंटोस अविएरो
जनम तिथी (1985-02-05) 5 फरवरी 1985 (उमिर 39)
जनम अस्थान मदिरा, पुर्तगाल
खेल में पोजीशन फॉरवर्ड
क्लब के जानकारी
वर्तमान टीम
युवेंटस

क्रिस्टियानो रोनाल्डो दोस सैंटोस अविएरो  (यूरोपियन पुर्तगाली: [kɾiʃˈtjɐnu ʁɔˈnaɫdu]; जनम ५ फरवरी १९८५) एगो पुर्तगाली फुटबॉलर हवे जे फॉरवर्ड में सीरी - ए क्लब युवेंटस अउर पुर्तगाल राष्ट्रीय फुटबॉल टीम के कप्तान हवन। इनका के दुनिया के सबसे नीमन खेलाड़ी कहल जाला अउरी इनका दुनिया के अभीतक के सबसे महान खिलाड़ी भी मानल जाला। रोनाल्डो पाँच गो बैलंस डियोर अउर चार गो यूरोपियन गोल्डेन जूता जीतल बाड़े, दुनो एगो यूरोपियन खेलाड़ी खातिर कीर्तिमान बा। इ आपन करियर में ३० गो महत्वपूर्ण पुरस्कार जीतल बाडे, जेमे ५ गो यु.इ.एफ.ए चैंपियंस लीग, एगो यु.इ.एफ.ए यूरोपियन चैंपियनशिप, अउरी एगो यु.इ.एफ.ए नेशनल लीग सामिल बाटे। रोनाल्डो यु.इ.एफ.ए चैंपियंस लीग के इतिहास में सबसे बेसी गोल (१३०) अउरी मदद (४०) के कीर्तिमान कइले बाडे।[1] इ कुछ दर्ज खेलाड़ी में से एगो बाडे जे १००० ले ऊपर हाली पेशेवर खेला में आइल बाडे अउरी ७०० ले ऊपर सीनियर करियर गोल कइले बाडे आपन देश खातिर।[2]

इंकर जनम अउरी बचपन मदिरा में बीतल, रोनाल्डो आपन सीनियर क्लब कैरियर स्पोर्टिंग सी पी के संगे खेल के सुरु कइले, इंकरा के २००३ में मैनचेस्टर यूनाइटेड साइन कइलस, ओह घरी इ १८ बारिस के रहले। पहिलका सीजन में एफ ए कप जीते के बाद, इ यूनाइटेड के तीन गो लगातार प्रीमियर लीग के खिताब जितऽवावे में मदद कइले, यु ए एफ ए चैंपियंस लीग, अउरी फीफा विश्व कूप; १३ के उमिर मे, इ आपन पहिलका बैलंस डियोर जीतले। २००९ में, रोनाल्डो के सबले महंग एसोसिएशन फुटबॉल ट्रांसफर भइल जब रियाल मैड्रिड इनका के साइन कइलस €९४ मिलियन (£८४ मिलियन) में। ओहिजा, रोनाल्डो १५ गो पुरस्कार जीतऽले, जेमे दुगो ला लीगा, दुगो कोपस देल रे, अउरी चार गो यु इ एफ ए चैंपियंस लीग के टाइटल जीतऽले, अउर सबले ढेर गोल करे आला खेलाड़ी बन गइलन। मैड्रिड में आवे के बाद, रोनाल्डो बैलंस डियोर खाती तीन हाली रनर अप भइले, लियोनेल मेसी के पाछा, ओकरा बाद इ २०१३-२०१४ अउर फेंन से लगातार दू बारिस २०१६-१०१७ के बलंस डियोर जीतऽले। तिसरका बेरी लगातार चैंपियंस लीग के टाइटल २०१८ में जीतऽला के बाद, रोनाल्डो ५ गो टाइटल जीते आला पहिलका खेलाड़ी बन गइले। २०१८ में, युवेंटस इनका के साइन कइलस €१०० मिलियन (£८८ मिलियन) में, सबले जादा भुगतान कौनो इटालियन क्लब के देने से अउर ३० बारिस से उपर के खेलाड़ी में सबले महंग भुगतान करल। इ सीरी ए के आपन क्लब के संगे पहिलका दू सीजन जीतऽले।

शुरूआती जिनगी[संपादन करीं]

क्लब करियर[संपादन करीं]

=7

अंतरास्ट्रीय करियर=[संपादन करीं]

खेलाड़ी प्रोफाइल[संपादन करीं]

फुटबॉल के बहरी[संपादन करीं]

निजी जिनगी[संपादन करीं]

सम्मान[संपादन करीं]

अउर देखी[संपादन करीं]

आगा पढ़ी[संपादन करीं]

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "सबसे ढेर मदद करे वाला खेलाड़ी". Uefa.com.
  2. Adam Smith (16 October 2019). "क्रिस्टियानो रोनाल्डो आपन करियर के ७००उवा गोल कइलन पुर्तगाल जेमे यूक्रेन से हारल ओह मैच में". Sky Sports. Retrieved 22 October 2019.