लोड सेल

विकिपीडिया से
Miniature Load Cell
छोटहन S परकार के लोड सेल

लोड सेल एगो परीबरतक हऽ, ई बर के बिद्यूत संकेत मे बदले के कामे आवेला। जस जस एह प बर बढ़ेला तस तस बिद्युत संकेत बदलत रहेला।

तान नापी जंत्र अला लोड़ सेल[संपादन करीं]

एह परकार के लोड़ सेल के परजोग बहुते बेसी होला। ई एगो धातु के बक्सा होला जेमे तान नापी जंत्र चाहे स्ट्रेन गौज धइल रहेला। धातु मुख रूप से एल्यूमीनियम, स्टील के बनल रहेला। जब ऐहपे बरजोरी कइल जाला तऽ न स्ट्रेन गौज तन जाला आ ओकर लमाई बढ़ि जाला, आ तबले लमरल रहेला जबले बर लगावल बन ना कइल जाला। एह लमाई मे परीबरतन के चलते एकर रेजिस्टेंस बदलि जाला आ ई वोल्टेज नापे मे सहायक होला। बर के बढ़ावला प रेजिस्टेंस बढेला आ एहिसे वोल्टेजो बढ़ेला, आ ई बर नाप देवेला।

स्ट्रेन गौज बहुते मेहिं मेहीं तारन के बनल रहेला, ई तार सभ के जाली लेखा लगावल जाला। जब स्ट्रेन गौज प बर लागेला तऽ ई तार खिचालऽसन, जेकरा से रेजिस्टेंस बदलेला। घीचला प स्ट्रेन गौज पातर आ लाम हो जाला आ एकर रेजिस्टेंस बढ़ि जाला आ टेलला प ई मोट हो जाला आ रेजिस्टेंस घटि जाला।

लोड सेल मे चारगो स्ट्रेन गौज के व्हीटस्टोन ब्रिज लेखा लगावल जाला।

ई एगो व्हीटस्टोन ब्रिज हऽ, एहमे वोल्टेज ना बदले आ स्ट्रेन गौज के आकार संगे बदलेला। जदि चारो रेजिस्टेंस संतुलित बाटे, माने बा आउर सुन्ना बाटे। जदि एहमे ले एक्को रेजिस्टेंस बदलेला तऽ ओ बदलेला। एही के नाप के बर नापल जा सकेला, जेकर सूत्र ई हऽ: