मेघदूत एप

विकिपीडिया से

मेघदूत एप स्मार्ट मोबाइल फोन पर चले वाला एगो मौसम आ खेती संबंधित एप बा जे भारत के मौसम बिज्ञान बिभाग द्वारा लांच कइल गइल हवे। ई एंड्रॉइड आ आइओएस दुनों खातिर उपलब्ध बाटे। एकर मकसद खेती-बारी में जरूरी मौसम संबंधी जानकारी उपलब्ध करावल हवे। ई कई लोकल भाषा सभ में जानकारी देवे ला।

ई एप अगस्त 2019 में लांच कइल गइल।[1] शुरुआत में ई एप 150 जिला सभ खातिर लांच कइल गइल रहे हालाँकि नवंबर 2019 के खबर के मोताबिक ओह समय तक एकर कभरेज 668 जिला सभ में भ गइल रहे आ ई 10 भाषा सभ में जानकारी उपलब्ध करा रहल बाटे।[2]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "New mobile app launched to assist farmers". www.downtoearth.org.in (अंग्रेजी में). Retrieved 24 मई 2020.
  2. Saini, Neha (24 नवंबर 2019). "Meghdoot review: App to help farmers manage crops better". economictimes.indiatimes.com. Retrieved 24 मई 2020.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]