दानयांग-कुनशान ग्रांड पुल

विकिपीडिया से
दानयांग-कुनशान ग्रांड पुल
लोकेशन31°35′52″N 120°27′25″E / 31.597837°N 120.456848°E / 31.597837; 120.456848
इस्तेमालरेल
जगहचीन के जियांगसु प्रांत
बिसेसता
कुल लंबाई164.8 किलोमीटर (102.4 मील)
इतिहास
बनावे सुरूca. 2006[1]
पूरा भइल2010
खोलल गइल30 जून 2011

दानयांग-कुनशान ग्रांड पुल एगो 164.8-किलोमीटर (102.4-मील) लमहर वियादक्ट बा जे बीजिंग-शंघाई हाई स्पीड रेलवे के रास्ता में बा। ई दुनियाँ के सभसे लमहर पुल बाटे।[2]

पुल[संपादन करीं]

ई पुल पूरबी चीन के जियांगसु प्रांत में बा आ शंघाई आ नानजिंग के बीच के रेलवे लाइन पर बनल बाटे। ई पुल यांगत्जी नदी के डेल्टा वाला इलाका में बनल हवे जहाँ कि एकदम से निचाई वाली जमीन बा आ धान के खेत, नहर, झील आ छोट-छोट नद्दी सभ के इलाका हवे।  पुल, यांगत्जी नदी के लगभग समांतर होखे गुजरे ला आ करीबन   8 से 80 किमी (5 से 50 मील) दक्खिन ओर बा। ई कई जो आबादी वाला जगह सभ के उत्तर से होक गुजरे ला जिनहन में दान्यांग, चांगझोऊ, वूक्सी, सुझोऊ, आ कुनशान (पच्छिम से पुरुब के ओर) बाड़ें। एह पुल के करीबन 9-किलोमीटर लमहर (5.6-मील) खंड पूरा तरीका से पानी के ऊपर बा जे सुझोऊ के यांगचेंग झील के ऊपर से गुजरे ला।[1]

ई पुल साल 2010 में बन के पूरा भइल आ साल 2011 आवाजाही खातिर खोल दिहल गइल। एकरा बनावे में करीबन 10,000 लोग लागल रहे आ निर्माण के काम कुल चार साल ले चलल, निर्माण के कुल लागत लगभग $8.5 बिलियन आइल। दानशान कुनयांग ग्रैंड ब्रिज, साल 2011 तक ले के रिकार्ड अनुसार गिनीज बुक ऑफ वल्ड में सभसे लमहर पुल के रिकार्डधारी पुल के रूप में दर्ज बा।[3]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. 1.0 1.1 Muhammad Farooq (सितंबर 12, 2011). "Danyang Kunshan Grand Bridge, the Longest Bridge". expertscolumn.com. Archived from the original on 18 February 2012.
  2. Chris Buckley (2017-06-10). "China's New Bridges: Rising High, but Buried in Debt China has built hundreds of dazzling new bridges, including the longest and highest, but many have fostered debt and corruption". Chishi, China: New York Times. p. A6. Archived from the original on 2017-06-10. China also has the world's longest bridge, the 102-mile Danyang-Kunshan Grand Bridge, a high-speed rail viaduct running parallel to the Yangtze River, and is nearing completion of the world's longest sea bridge, a 14-mile cable-stay bridge skimming across the Pearl River Delta, part of a 22-mile bridge and tunnel crossing that connects Hong Kong and Macau with mainland China. {{cite news}}: Unknown parameter |deadurl= ignored (help)
  3. Longest bridge, Guinness World Records. Last accessed July 2011.