अताउल्लाह ख़ान

विकिपीडिया से
अताउल्लाह ख़ान ईसाखेलवी
सामान्य जानकारी
जनम नाँवअताउल्लाह ख़ान नियाज़ी
जनम (1951-08-19) 19 अगस्त 1951 (उमिर 72)
मियाँवाली, पंजाब, पाकिस्तान
मूलपंजाब, पाकिस्तान
बिधासराइकी संगीत, पंजाबी संगीत
पेशा सभसराइकी, झूमर, पंजाबी, ग़ज़ल
सक्रियता1971–अबतक

अताउल्लाह ख़ान ईसाखेलवी (जनम: 19 अगस्त 1951), जिनके भोजपुरी इलाका में आमतौर प अताउल्ला खान आ इनके मूल इलाका में लाला (अरथ: बड़ भाई) के नाँव से जानल जाला, पंजाबी (पाकिस्तानी) गायक कलाकार बाड़ें। मूल रूप से पंजाबी भाषा आ सराइकी भाषा के ई गायक, भारत में भी अपना उर्दू गजल आ झूमर सभ खाती बहुत जानल-मानल कलाकार हवें।

पाकिस्तान सरकार इनका के तमगा-ए-हुस्ने-कारकर्दगी (अंग्रेजी: प्राइड ऑफ दि परफार्मेंस अवार्ड) दिहले बा आ ई ब्रिटेन के रानी एलिजाबेथ दुआरा सम्मानित हो चुकल बाने। एक समय में इनके नाँव गिनीज बुक में सामिल भइल जब इनके एल्बम सभसे ढेर गिनती में रिलीज होखे वाला एल्बम बनल।[1]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Guinness world record holder Attaullah Esakhelvi turns 65". dailypakistan.com.pk.