कृष्ण बिहारी मिश्र
कृष्ण बिहारी मिश्र | |
---|---|
जनम | जुलाई 1, 1936 |
निधन | मार्च 7, 2023 | (उमिर 86)
महतारी संस्था | बीएचयू, कलकत्ता विश्वविद्यालय |
बिधा | ललित निबंध, सामीक्षा |
बिसय | पत्रकारिता, लोक साहित्य, जीवनी (रामकृष्ण परमहंस) |
प्रमुख रचना |
|
प्रमुख सम्मान |
|
कृष्ण बिहारी मिश्र (1 जुलाई 1936 - 7 मार्च 2023) हिंदी क साहित्यकार आ विद्वान रहलें। बलियाँ जिला में जनमल मिश्र कलकत्ता में शिक्षक रहलें आ साहित्य के कई बिधा सभ में रचना कइलें। इनका साहित्य अकादमी के मूर्तिदेवी पुरस्कार आ भारत सरकार द्वारा पद्म श्री से सम्मानित कइल गइल रहल।
मिश्र के निधन कलकत्ता में 7 मार्च 2023 के भइल।[1][2]
सुरुआती जिनगी
[संपादन करीं]कृष्ण बिहारी मिश्र के जनम तिथि 1 जुलाई, 1936 बतावल जाला[3][4] आ जनम अस्थान उत्तर प्रदेश के बलियाँ जिला के बालिहार गाँव रहल। मिश्र जी के पढ़ाई बनारस हिंदू विश्वविद्यालय में भइल जहाँ ऊ हजारी प्रसाद द्विवेदी आ विश्वनाथ प्रसाद मिश्र नियर लोगन के प्रिय शिष्य रहलें। बाद में कलकत्ता चल गइलें आ ओहिजे रह के कलकत्ता विश्वविद्यालय से डाक्टरेट के डिग्री लिहलें जेकर बिसय हिंदी में पत्रकारिता रहल। एकरे बाद इनके साहित्यिक जिनगी के सुरुआत भइल आ जल्दिये ई ललित निबंध लेखक के रूप में परसिद्ध भ गइलेन।[5]
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "पद्मश्री डॉ कृष्ण बिहारी मिश्र नहीं रहे, आचार्य हजारी प्रसाद द्विवेदी के शिष्य का ऐसा रहा है करियर". प्रभात खबर (हिंदी में).
- ↑ "पद्मश्री से सम्मानित साहित्यकार कृष्ण बिहारी मिश्र का 90 साल की उम्र में निधन, कोलकाता में ली अंतिम सांस". आज तक (हिंदी में). 7 मार्च 2023. Retrieved 8 मार्च 2023.
- ↑ "Dr. Krishna Bihari Mishra:Author". www.jnanpith.net (अंग्रेजी में). भारतीय ज्ञानपीठ. Archived from the original on 2017-03-11. Retrieved 28 फरवरी 2018.
- ↑ "कृष्ण बिहारी मिश्र:परिचय" (PDF) (हिंदी में). इंदिरा गांधी राष्ट्रीय कला केंद्र. Retrieved 28 फरवरी 2018.
- ↑ "डॉ कृष्ण बिहारी मिश्र समेत बंगाल के पांच विभूतियों को पद्मश्री सम्मान". प्रभात खबर. 26 जनवरी 2018. Retrieved 28 फरवरी 2018.
ई लेख एगो लेखक, कवि या नाटककार की बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |