रिहंद नदी

विकिपीडिया से
रिहंद नदी
इंपीरियल गैजेटियर में रेहड़ नदी आ सरगुजा राज के देखावत नक्शा
लोकेशन
देस भारत
राज्यछत्तीसगढ़, उत्तर प्रदेश
भौतिक लच्छन सभ
Sourceमतिरंगा पहाड़ी
 - locationसरगुजा जिला, सुरजपुर जिला, छत्तीसगढ़
मुहानासोन नदी
 - location
उत्तर प्रदेश, सोनभद्र जिला
 - coordinates
24°31′52″N 82°59′57″E / 24.53111°N 82.99917°E / 24.53111; 82.99917निर्देशांक: 24°31′52″N 82°59′57″E / 24.53111°N 82.99917°E / 24.53111; 82.99917
Discharge 
 - locationसोन नदी

रिहंद नदी (जेकरा के रेणु, रेणुका, रेंड, रेर भा रेहर भी कहल जाला) सोन नदी के सहायक नदी हवे आ भारत के छत्तीसगढ़उत्तर प्रदेश राज्य सभ से हो के बहे ले। एकर पुरान नाम रेणु भा रेणुका रहे।

बहाव के मारग[संपादन करीं]

रिहंद मतिरंगा पहाड़ी से निकले ले, ई इलाका मैनपत पठार के दक्खिन-पच्छिम में बाटे जे औसत समुंद्र तल से लगभग 1,100 मीटर ऊपर बाटे। ई नदी सरगुजासूरजपुर जिला के बीच से हो के मोटा-मोटी उत्तर के ओर 160 किलोमीटर (99 मील) । रिहांड आ एकरे सहायक नदी सभ जिला के मध्य भाग में एगो उपजाऊ मैदान बनावे लीं जे एकरे उत्पत्ती से ले के लखनपुर, सूरजपुर, प्रतापपुर ले फइलल बा।[1] एकरे बाद ई उत्तर प्रदेश के सोनभद्र जिला में वाया मध्य प्रदेश के सिंगरौली जिला से हो के बहे ले, जहाँ एकरा के रेड कहल जाला आ अंत में सोन नदी में मिल जाले।

सहायिका नदी सभ[संपादन करीं]

सूरजपुर जिला में एकर प्रमुख सहायिका नदी महाना, मोरना (मोरनी), गेउर, गागर, गोबरी, पिपाराचार, रामदिया आ गलफुल्ला बाड़ी स।[1] कई गो मौसमी आ बारहोमासी नदी रिहंद रिजर्वायर में मिले लीं जइसे कि मध्य प्रदेश के सिंगरौली जिला के कंचन, मायर आ अजीर नदी।[2]

रिहंद बांध[संपादन करीं]

रिहंद बान्ह के निर्माण 1962 में पनबिजली उत्पादन खातिर मिर्जापुर डिवीजन के सोनभद्र जिला में पिपरी के लगे रिहंद नदी के आर-पार भइल; बंधा के पीछे बनल झील के नाँव गोविंद बल्लभ पंत सागर बा।[2] एह बंधा से सबसे नगीचे के रेलवे स्टेशन रेनुकूट बा।

रकसगंडा झरना[संपादन करीं]

रिहंद नदी पर एगो झरना बा जवना के नाम बा 'रकसगंडा', नदी अपना यात्रा में छत्तीसगढ़ के सूरजपुर जिला में ई झरना बनावे ले। पर्यटक लोग के नजरिया से ई झरना महत्व के चीज बाटे।[3]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. 1.0 1.1 "Surguja: Historical Background: The Rihand". Surguja district administration. Archived from the original on 30 August 2010. Retrieved 2010-08-03.
  2. 2.0 2.1 "Rihand Dam". india9. Retrieved 2010-08-03.
  3. पांडे, अमितेष (1 मई 2022). "छत्तीसगढ़ के सूरजपुर में नदी में पत्थरों के बीच से बहता है रकसगंडा झरना, देखें तस्वीरें". abplive.com. Retrieved 4 मार्च 2023.