सॉफ्टवेयर

विकिपीडिया से

कंप्यूटर सॉफ्टवेयर चाहे सॉफ्टवेयर अइसन डेटा आ निर्देश (इंस्ट्रक्शन) सभ के सेट ह जे कंप्यूटर के बतावे ला कि कइसे कौनों काम कइल जाय। कंप्यूटर बिज्ञान में, कंप्यूटर हार्डवेयर कटेगरी में भौतिक मशीनरी आ पार्ट सभ आवे ला आ एकरे बिपरीत सॉफ्टवेयर में अइसन सगरी इन्फार्मेशन जे कंप्यूटर सिस्टम द्वारा प्रासेस कइल जाय, प्रोग्राम आ डेटा आवे ला। आसान भाषा में कंप्यूटर प्रोग्राम, लाइब्रेरी आ कुछ किसिम के डेटा एकट्ठा रूप से सॉफ्टवेयर कहाला। कंप्यूटर सिस्टम के ई अभिन्न अंग हवे आ हार्डवेयर आ सॉफ्टवेयर दुनों बिना एक दुसरे के इस्तेमाल ना हो सके लें।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]