विकिपीडिया:इतिहास में आजु/14 जून
ई इतिहास में 14 जून के भइल घटना सभ के लिस्ट बाटे, जवन मुख्य पन्ना के "आजु के दिन" खंड में देखावल जाला। नया आइटम के सुझाव देवे खातिर, आम तौर पर आप निर्भीक हो के एह पन्ना के संपादन कर सकत बानी। अगर नया बानी त संपादन करे से पहिले "इतिहास में आजु" दिशानिर्देश जरूर पढ़ीं। हालाँकि, अगर आप जवन चीज जोड़ल चाहत बानी अगर ओह पर कौनों बिबाद के संभावना होखे तब, या अगर ई पन्ना जल्दिये मुख्य पन्ना पर देखावल जाए वाला होखे तब, आपन सुझाव के एकरे वार्ता पन्ना पर लिख दीं, सीधे एही में मत जोड़ीं।
नोट करीं कि विकिपीडिया के मुख्य पन्ना पर देखावल जाये वाली चीज सभ के चुनाव ओह में कड़ी के रूप में दिहल जाये वाले लेख के क्वालिटी आ अउरी बाकी मुख्य पन्ना के आइटम के साथ तारतम्य के आधार पर होला, ई चुनाव ख़ाली भर [[वि::उल्लेखनीयता|चीज के महत्वपूर्ण या सही होखे]] के आधार पर ना होला। एक बेर में चार से ले के छह गो ले आइटम देखावल जा सके ला। एही से हर ऊ चीज जवन "बहुत जरूरी आ महत्व के होखे" इहाँ ना देखावल जा सकेला। एकरे अलावा, अगर कौनों बात के उल्लेख बीछल लेख भा बीछल फोटो में पहिलहीं हो रहल बाटे तब ओ से जुड़ल चीज इहाँ एह साल ना देखावल जाला।
जवना समय ई मुख्य पन्ना पर देखाई दे रहल होखे, आ एह में कवनों किसिम क खराबी लउके, रिपोट करे खातिर मुख्य पन्ना खराबी देखीं। धियं रहे कि ई लिस्ट एह में कड़ी के रूप में दिहल लेख सभ से कुछ अलग तरह से भी तथ्य देखावत हो सकेले। बदलाव से पहिले विकिपीडियन लोग मंडली में आम सहमती बनावे के कोसिस करीं, सीधे इहाँ बदलाव मत करीं।
फोटो
एक बेर में कौनों एक ठो फोटो इस्तेमाल कइल जाय
इनहन के मत चुनल जाय
ब्लर्ब | कारण |
---|---|
1958 – भारतीय वैज्ञानिक सी॰ वी॰ रमन के रूस में लेनिन शांति पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल। | तारीख में समस्या |
सही उमीदवार
टिप्पणी
- १७७५ – कंटिनेंटल काँग्रेस के द्वारा पारित एक्ट से यूनाइटेड स्टेट्स आर्मी के स्थापन कंटीनेंटल आर्मी के नाँव से भइल।
- १७७७ – दूसरी कंटिनेंटल काँग्रेस में अमेरिका के सितारा आ पट्टी वाला नक्शा के डिजाइन पास हो गइल आ एह तरे अमेरिका के झंडा बनल।
- १८२२ – अंग्रेज गणितज्ञ चार्ल्स बबेज के द्वारा रॉयल एस्ट्रोनॉमिकल सोसायटी के सोझा एगो परचा पढ़ल गइल जवना में पौलिनौमियल फंक्शन के सारिणी बनावे खातिर एगो ऑटोमेटिक मशीनी कैलकुलेटर डिफ़रेंस इंजन के प्रस्ताव रखल गइल।
- १९९९ – थाबो म्बेकी (फोटो में देखावल) दक्खिन अफ्रीका के दुसरा राष्ट्रपति के रूप में शपथ ग्रहण कइलें।
- अउरी तारीख देखीं: