Jump to content

फारेस्ट्री

विकिपीडिया से
आस्ट्रेलिया में फारेस्ट्री के कामकाज के एगो सीन

फारेस्ट्री (अंग्रेजी: फ़ॉरेस्ट्री; forestry) बनजंगल संबंधी बिज्ञान, कला आ मैनेजमेंट हवे। एह बिधा के तहत बन के लगावे, रखरखाव करे, इस्तमाल करे, उनहन के संरक्षण करे, रिपेयर करे के काम कइल जाला आ एकर मकसद बिबिध जरूरत के पूरा कइल, निर्धारित लक्ष्य हासिल कइल, आ पर्यावरण आ मनुष्य के लाभ खाती निश्चित मूल्य (वैलू) सभ के सहेजल होला।[1] फारेस्ट्री के परेक्टिस प्लांटेशन (पौध भा फेड़ लगावे) के रूप में भी होला आ प्राकृतिक रूप से पावल जाए वाला बन आ जंगल सभ के रखरखाव में भी होला।[2] The science of forestry has elements that belong to the biological, physical, social, political and managerial sciences.[3]

मॉडर्न जमाना के फारेस्ट्री के सोझा कई किसिम के चीज बा जे धियान में रखे के होला। एह चीज सभ में शामिल बा कि कइसे लकड़ी (इमारती) हासिल कइल जाय भा जलावन के लकड़ी उपराजल जाय, बन्य जीव सभ के आवास कइसे सहेज के रखल जाय, जल संसाधन सभ के कइसे संरक्षण कइल जाय, मनोरंजन आ आनंद खाती कइसे बन सभ के बिकास कइल जाय, प्राकृतिक लैंडस्केप के आ जंगल से जुड़ल समुदाय सब के कइसे बचाव कइल जाय, जीवबिबिधता के कवना तरीका से अधिकाधिक बढ़ावल जाय, वाटरशेड मैनेजमेंट केंङने कइल जाय, जमीन आ माटी के कटाव पर कइसे रोक लगावल जाय आ बन आ जंगल सभ के कार्बनडाईआक्साइड के सोखे वाला सिंक के रूप में कइसे मैनेज कइल जाय।

फारेस्ट्री के प्रैक्टिस करे वाला लोग के फारेस्टर कहल जाला। एगो अउरी टर्म के इस्तेमाल होला सिल्वीकल्चर जे तनिका छोट आ सकेत अरथ में इस्तेमाल होला काहें कि ई खाली खड़ा फेड़ सभ से संबंधित होला। हालाँकि, कभीकभार ई शब्द आ फारेस्ट्री दुनों पर्यावाची के रूप में इस्तेमाल कइल जालें।

  1. "SAFnet Dictionary | Definition For [forestry]". Dictionaryofforestry.org. 2008-10-22. Archived from the original on 2013-10-19. Retrieved 2014-03-15.
  2. "Seed Origin - Forestry Focus". Forestry Focus (अंग्रेजी में). Retrieved अप्रैल 5, 2018.
  3. Young, Raymond A. (1982). Introduction to Forest Science. John Wiley & Sons. p. ix. ISBN 0-471-06438-6.

बाहरी कड़ी

[संपादन करीं]