टेनिस

विकिपीडिया से
टेनिस
(Tennis)
ऑस्ट्रेलियन ऑपन के दौरान दू गो टेनिस खेलाड़ी खेल के दौरान
Highest governing bodyइंटरनेशनल टेनिस फेडरेशन
First played19वीं सदी, बर्मिंघम, इंग्लैंड, यूनाइटेड किंगडम
Characteristics
Contactनाहीं
Team membersसिंगल्स भा डबल्स
Mixed genderहँ, सेपरेट टूर & मिक्स डबल्स
Typeआउटडोर भा इनडोर
Equipmentगेना, रैकेट, नेट
Venueटेनिस कोर्ट
Presence
Country or regionदुनियाभर
OlympicPart of Summer Olympic programme from 1896 to 1924
Demonstration sport in the 1968 and 1984 Summer Olympics
Part of Summer Olympic programme since 1988
ParalympicPart of Summer Paralympic programme since 1992

टेनिस एगो रैकेट के खेल हवे जे या त एकही बिरोधी के खिलाफ अकेल खेलल जाला (एकल), या फिर दू-दू गो खिलाड़ी के दू गो टीम के बीच (डबल)। हर खिलाड़ी एगो टेनिस रैकेट के इस्तेमाल करे ला जे डोरी भा तार के जालीदार बिनाई वाला होखे ला आ एकरा से खोखला रबर के गेना के मार के नेट के ओह पार बिरोधी के कोर्ट में भेजल जाला। खेल के उद्देश्य गेना के अइसन पैंतराबाजी से मारल होला कि प्रतिद्वंद्वी वैध रिटर्न खेले में सक्षम ना होखे। जे खिलाड़ी गेंद के वैध रूप से वापस ना कर पावेला ओकरा प्वाइंट ना मिलेला जबकि उल्टा खिलाड़ी के प्वाइंट मिले जाला।[1][2]

टेनिस एगो ओलंपिक खेल हवे आ ई समाज के हर स्तर पर आ हर उमिर में खेलल जाला। ई खेल केहू भी खेल सकेला जे रैकेट पकड़ सकेला, जवना में व्हीलचेयर चलावे वाला लोग भी शामिल बा। टेनिस के आधुनिक खेल के सुरुआत इंग्लैंड के बर्मिंघम में 19वीं सदी के अंत में लॉन टेनिस के रूप में भइल।[3] एकर गहिराह संबंध बिबिध फील्ड (लॉन) खेल जइसे कि क्रोकेट आ बाउल से दुनों से बाटे आ साथ ही साथ आज के समय के पुरान रैकेट खेल से भी जेकरा के रियल टेनिस कहल जाला।[4]

आधुनिक टेनिस के नियम में 1890 के दशक के बाद से बहुत कमे बदलाव आइल बा। दू गो अपवाद ई बाड़ें कि 1961 ले सर्वर (सर्विस देबे वाला) के हर समय एक पैर जमीन पर रखे के पड़त रहल करे[5][6] आ 1970 के दशक में टाईब्रेक के अपनावल।[7] हाल के समय में प्रोफेशनल टेनिस में एगो चीज इलेक्ट्रॉनिक रिव्यू टेक्नोलॉजी के अपनावल गइल बा आ एकरे साथ प्वाइंट-चैलेंज सिस्टम भी बा, जेह से कौनों खिलाड़ी प्वाइंट के लाइन कॉल के मुकाबला क सके ला, ई अइसन सिस्टम हवे जेकरा के हॉक-आई के नाँव से जानल जाला।[8][9]

टेनिस लाखन मनोरंजन खातिर खेले वाला खेलाड़ी खेलेलें आ ई दुनिया भर में दर्शकन खातिर भी एगो लोकप्रिय खेल हवे।[10] चार गो ग्रांड स्लैम टूर्नामेंट (जिनहन के मेजर भी कहल जाला) खासतौर पर लोकप्रिय बाड़ें: ऑस्ट्रेलियाई ओपन हार्ड कोर्ट पर खेलल जाला, फ्रेंच ओपन लाल माटी के कोर्ट पर खेलल जाला, विंबलडन घास के कोर्ट पर खेलल जाला आ यूएस ओपन हार्ड कोर्ट पर भी खेलल जाला।[11]

इक्विपमेंट[संपादन करीं]

रैकेट[संपादन करीं]

टेनिस रैकेट के घटक सभ में एगो हैंडल होला, जेकरा के ग्रिप के नाँव से जानल जाला, ई एगो गर्दन से जुड़ल होला जे मोटा-मोटी अंडाकार फ्रेम के जोड़े ला जेह में कस के खींचल तार सभ के मैट्रिक्स (जाली) के होखे ला। आधुनिक खेल के पहिला 100 साल ले रैकेट लकड़ी के आ मानक आकार के बनावल जात रहलें आ तार जानवरन के आंत के बनल होखे। टुकड़ा टुकड़ा में लकड़ी के निर्माण से 20वीं सदी के अधिकतर समय ले इस्तेमाल होखे वाला रैकेट सभ में ढेर ताकत मिलल जबले कि पहिले धातु आ फिर कार्बन ग्रेफाइट, सिरेमिक आ टाइटेनियम नियर हल्का धातु सभ के कंपोजिट सभ के सुरुआत ना भइल। एह मजबूत सामग्री से ओवरसाइज रैकेट के उत्पादन होखे सुरू हो गइल जवना से अबहीं अधिका शक्ति मिलत बाटे। एही बीच, तकनीक के चलते सिंथेटिक तार के इस्तेमाल होखे सुरू भ गइल बा जवन कि आंत के एहसास से मेल खात होखे ला लेकिन एकरा संगे-संगे स्थायित्व आ मजबूती भी बढ़ गइल बाटे।

गेना[संपादन करीं]

टेनिस के गेंद सभ मूल रूप से कपड़ा के पट्टी सभ से बनल रहलें जिनहन के धागा से एक साथ सिल के पंख भरल जाला।[62] आधुनिक टेनिस के गेंद खोखला वल्केनाइज्ड रबर से बनल होखे लीं जिनहन में फेल्ट कोटिंग होला। परंपरागत रूप से सफेद रंग के 20वीं सदी के अंतिम हिस्सा में धीरे-धीरे ऑप्टिक पीला रंग में बदल दिहल गइल ताकि बेहतर दृश्यता मिल सके। टेनिस के गेंद सभ के आकार, वजन, बिरूपण, आ उछाल खातिर कुछ खास पैमाना सभ के अनुरूप होखे के चाहीं जेकरा के रेगुलेशन खेल खातिर मंजूरी दिहल जा सके ला।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Tennis Rules: How To Play Tennis | Rules of Sport". www.rulesofsport.com. Retrieved 2021-11-25.
  2. "Tennis Rules". Pro Tennis Tips. 2015-03-15. Retrieved 2021-11-25.
  3. William J. Baker (1988). "Sports in the Western World". p. 182. University of Illinois Press
  4. "tennis | Rules, History, Prominent Players, & Facts | Britannica". www.britannica.com. Retrieved 2021-11-25.
  5. "leg drive on the serve". Intuitive Tennis – Online Tennis Lessons, Video, and Blog. Archived from the original on 2021-11-25. Retrieved 2021-11-25.
  6. Macdonald, Geoff (2011-08-28). "How the Serve Went Over the Top". The New York Times. ISSN 0362-4331. Retrieved 2021-11-25.
  7. "Tennis 360: tiebreaks explained". Tennis Australia. Retrieved 2021-11-25.
  8. Maine, D'Arcy (25 May 2021). "US Open to use Hawk-Eye line-calling technology on all tennis courts for first time". ESPN. Retrieved 25 November 2021.
  9. "Hawkeye Tennis Line-Calling System". www.topendsports.com. Retrieved 2021-11-25.
  10. "PARTICIPATION INCREASES AS ITF PUBLISHES GLOBAL TENNIS REPORT 2021". ITF. 16 August 2021. Retrieved 25 November 2021.
  11. "Grand Slam Tournaments". ITF. Retrieved 25 November 2021.{{cite web}}: CS1 maint: url-status (link)

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]