ओसामा बिन लादेन

विकिपीडिया से

ओसामा बिन मोहम्मद बिन अवद बिन लादेन (10 मार्च 1957 – 2 मई 2011), जेकरा उसामा बिन लादीन कहल जाला, सऊदी अरब मे जनमल आतंकी आ पैन-इस्लामिक आतंकी संगठन अल काएदा के के संस्थापक रहे। एह समूह के संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा परिषद, उत्तरी अटलांटिक संधि संगठन (नाटो), यूरोपीय संघ आ अउरी सभ देस आतंकी समूह मानेला। बिन लादेन के समय में अमेरिका में 11 सितंबर के हमला आ दुनिया भर में भइल अउरी कय गो जन-हताहत हमला सभ ला अल काएदा जिम्मेदार रहल। 2 मई 2011 के पाकिस्तान के एबोटाबाद मे उनके परिसर मे अमेरिकी स्पेशल ऑपरेशन फोर्स इनके मार दिहलस।