आईएसबीएन

विकिपीडिया से
(ISBN से अनुप्रेषित)
इंटरनेशनल स्टैंडर्ड बुक नंबर
International Standard Book Number
{{{image_alt}}}
एगो 13-अंक के आइ॰एस॰बी॰एन॰, 978-3-16-148410-0, EAN-13 बार कोड के रूप में भी देखावल गइल बा]]
छोट नाँवआइ॰एस॰बी॰एन॰ (ISBN)
सुरू भइल1970 (1970)
संगठन
जे मैनेज करे ला
इंटरनेशनल आइ॰एस॰बी॰एन॰ एजेंसी
अंक संख्या13 (पहिले 10)
जाँच अंकभारित जोड़
उदाहरण978-3-16-148410-0
वेबसाइटwww.isbn-international.org

आइ॰एस॰बी॰एन॰ या पूरा नाँव इंटरनेशनल स्टैंडर्ड बुक नंबर (अंग्रेजी: International Standard Book Number) एगो यूनीक [नोट 1][नोट 2] नंबर होला जवन किताब के पहिचानक होला।

हर किताब के अलग-अलग संस्करण (रिप्रिंट के ना) के एक ठो अकेल आ एकलौता आइ॰एस॰बी॰एन॰ दिहल जाला। उदाहरण खातिर कौनों किताब अगर पेपरबैक, हार्डकवर आ ई-बुक के रूप में छपे तब तीनों के अलग-अलग आइ॰एस॰बी॰एन॰ होखी। ई तेरह अंक के लंबाई वाला संख्या होला अगर 1 जनवरी 2007 के बाद दिहल गइल होखे आ 10 अंक के होला अगर एह से पहिले दिहल गइल होखे। एह निसानी देवे के तरीका में अलग-अलग देस में भी कुछ अंतर मिले ला आ प्रकाशन संस्था अपना क्षेत्र में केतना नामी बाते एहू के भी धियान में रखल जाला।

आइ॰एस॰बी॰एन॰ के फ़ायदा ई बाटे कि एकरा द्वारा दुनियाँ में कहीं छपल किताब के एक ठो बिसेस पहिचान हासिल हो जाले जेकरा मदद से एकरा के खोजल आ एकर जानकारी साझा करे में सुबिधा हो जाला।

एकर सुरुआती रूप 1967 में लागू 9-अंक के स्टैंडर्ड बुक नंबर (एसबीएन) रहल। 10 अंक के लंबाई वाला कोड के सुरुआत अंतरराष्ट्रीय मानकीकरण संस्था (ISO) द्वारा बनावल गइल आ पहिली बेर ISO 2108 के रूप में छपल।

एही के नियर एक ठो पहिचानक जर्नल आ पत्रिका सभ खातिर भी बा जेकरा के आई॰एस॰एस॰एन॰ (ISSN) कहल जाला, आ संगीत से संबंधित चीज के पहिचानक आई॰एस॰एम॰एन॰ (ISMN) होला।

इतिहास[संपादन करीं]

स्टैंडर्ड बुक नंबरिंग (SBN) कोड एक ठो नौ अंक के कामर्शियल किताब पहिचानक हवे जेकरा के ट्रिनिटी कॉलेज, डब्लिन के एमेरिटस प्रोफ़ेसर, गौर्डन फोस्टर ईजाद कइलेन,[1] 1965 में[2] आ ई किताब बेचे वाला आ स्टेशनरी बेचे वाला लोग खातिर बनावल गइल रहल। 1967 में यूनाइटेड किंगडम में डेविड वाइटकर आइएसबीएन कंफिगरेशन पहिचान बनवलें[3] (जिनके "आइएसबीएन के पिता"[4] कहल जाला) आ 1968 में अमेरिका में एमरी कोल्टे [3] द्वारा बनावल गइल जे बाद में अमेरिकी आइएसबीएन एजेंसी के डाइरेक्टर भी बनलें।[4][5][6]

10-अंक वाला आइएसबीएन के पहिली बेर अंतर्राष्ट्रीय मानकीकरण संस्था (ISO) द्वारा बनावल गइल आ ई 1970 में ISO 2108 में छपल।[2][3] अमेरिकी लोग 9-अंक वाला SBN कोड के 1974 तक ले इस्तेमाल कइल। आइएसओ द्वारा इंटरनेशनल आइएसबीएन अथॉरिटी के एह काम खातिर नियुक्त कइल गइल कि ऊ पूरा दुनिया भर में आइएसबीएन के रजिस्ट्रेशन करी आ एकरा खातिर स्टैंडर्ड के निर्माण टेक्नीकल कमेटी 46/उपकमेटी 9 (TC 46/SC 9) के अधीन भइल। आइएसओ के ऑनलाइन सुबिधा खाली 1978 तक ले के किताबन के पहिचान उपलब्ध करावे ले एकरे पहिले के ना।[7]

एसबीएन कोड के पाहिले "0" जोड़ के एकरा के आइएसबीएन बनावल जा सके ला, उदाहरण खातिर, किताब Mr. J. G. Reeder Returns के दुसरा संस्करण होडर प्रकाशन द्वारा 1965 में छपल आ एकर "SBN 340 01381 8" – 340 प्रकाशक के पहिचान, 01381 सीरियल नंबर, आ 8 जाँच संख्या हवे। एकरा के बदल के ISBN 0-340-01381-8 बनावल जा सके ला।

1 जनवरी 2007 से, आइएसबीएन सभ 13 अंक के हो गइल, ई फॉरमेट बुकलैंड यूरोपियन आर्टिकल नंबर EAN-13 सभ के साथ फिट बइठे ला।[8]


इहो देखल जाय[संपादन करीं]

नोट[संपादन करीं]

  1. कबो-कबो, प्रकाशक लोग अजीब तरीका से एकही आईएसबीएन कई ठे किताब सभ के पहिला संस्करण के दे देला, जइसे The Ultimate AlphabetThe Ultimate Alphabet Workbook के एकही आईएसबीएन, 0-8050-0076-3 हवे। एकरा उलटा, एकही किताब के कई ठे आईएसबीएन भी हो सकेला: Emil und die Detektive के जर्मन भाषा में छपल दुसरा संस्करण के आईएसबीएन 87-23-90157-8 (डेनमार्क), 0-8219-1069-8 (यूनाइटेड स्टेट्स), 91-21-15628-X (स्वीडन), 0-85048-548-7 (यूनाइटेड किंगडम) आ 3-12-675495-3 (जर्मनी) बाड़ें।
  2. कुछ दशा में, कुछ किताब सभ जे एक्के संघे सेट के रूप में बेचे खातिर होलीं उनहन के एकही आईएसबीएन होला; जइसे, the Vance Integral Edition खाली दू गो आइएसबीएन के इस्तमाल करे ला जबकि एह सेट में 44 गो किताब बाड़ी सऽ।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Foster, Gordon (1966). "INTERNATIONAL STANDARD BOOK NUMBERING (ISBN) SYSTEM original 1966 report". informaticsdevelopmentinstitute.net. Archived from the original on 30 April 2011. Retrieved 20 April 2014.
  2. 2.0 2.1 "ISBN History". isbn.org. 20 April 2014. Archived from the original on 20 April 2014. Retrieved 20 April 2014.
  3. 3.0 3.1 3.2 Manwal ghall-Utenti tal-ISBN (PDF) (Maltese में) (6th ed.). Malta: Kunsill Nazzjonali tal-Ktieb. 2016. p. 5. ISBN 978-99957-889-4-0. Archived from the original (PDF) on 17 August 2016.
  4. 4.0 4.1 Information Standards Quarterly (PDF), vol. 8, ISO, July 1996, p. 12, archived from the original (PDF) on 2014-08-04, retrieved 2017-05-12
  5. US ISBN Agency. "Bowker.com – Products". Commerce.bowker.com. Archived from the original on 2003-12-19. Retrieved 2015-06-11.
  6. Gregory, Daniel. "ISBN". PrintRS. Retrieved 2015-06-11.
  7. ISO 2108:1978 (PDF), ISO
  8. TC 46/SC 9, Frequently Asked Questions about the new ISBN standard from ISO, CA: LAC‐BAC

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]