धम्मनिरपेखता

विकिपीडिया से
(सेक्युलरिज्म से अनुप्रेषित)

धम्मनिरपेखता चाहे धरमनिरपेक्षता धरम आ धार्मिक परभाव से मुक्त रहल, चाहे ओकनी के प्रति उदासीन रहल, चाहे तटस्थ रहल हवे। एगो दर्शन के रूप में ई जिनगी के सगरी पहलू के ब्याख्या भौतिक जगत के आधार पर करे ला धार्मिक बिस्वास के सहारा न लेला। राजनितिक रूप से, धर्मनिरपेक्षता के मतलब राज्य आ राज्य के नियुक्त अधिकारी-पदाधिकारी लोगन के धर्म आ धार्मिक संस्था आ धार्मिक नेता लोग से अलग रह के काम करल हवे (एकरा के सेक्युलरिटी कहल जाला)।

सेकुलरिज्म भा धर्मनिरपेक्षता के प्रगटीकरण इहो हऽ के आम जनता संबंधी काम आ निरनय सभ, धर्म आ धार्मिक बिस्वास चाहे धार्मिक नेता के परभाव से फिरी हो के होखे।

संदर्भ[संपादन करीं]