संबिधान

विकिपीडिया से
(संविधान से अनुप्रेषित)

संबिधान (Constitution) अइसन मूलभूत सिद्धांत या पहिले से अस्थापित परंपरा सभ के संकलन (सेट) होला जेकरे अनुसार कौनों राज्य भा संस्था के शासन चले ला। ई नियम सब एकसाथ मिल के तय करे लें कि ऊ इकाई का बाटे ("constitute, what the entity is")। जब एह नियम सभ के एकट्ठा लिख के एगो किताब के रूप में रखल जाला तब एकरा के लिखित संबिधान (कोडीफाईड कांस्टिट्यूशन) कहल जाला। कुछ देसन के संबिधान एह रूप में लिखित संबिधान ना होला बलुक कई सारा बिधेयक, कोर्ट केस के फैसला आ संधि वगैरह के रूप में लिखल होला। यूनाइटेड किंगडम के संबिधान बिना-लिखल संबिधान हवे जबकि भारत के संबिधान दुनिया के सभसे लमहर लिखित संबिधान हवे।

संदर्भ[संपादन करीं]