विकिपीडिया:लेख का होला?
Appearance
(विकिपीडिया:What is an article? से अनुप्रेषित)
लेख विकिपीडिया पर कौनों बिसय पर लिखल एगो आधारभूत चीज हवे। विकीपीडिया एही लेखन से आ लेखन की खातिर बनल बाटे। अउरी पन्ना कुल लेख वाला पन्ना की सपोर्ट खातिर बनल बा।
गुण
[संपादन करीं]एगो नीमन लिखल लेख में नीचे दिहल गइल गुन जरूर होखे के चाहीं:
- लेख में, जवना व्यक्ति, वस्तु या विचार की बारे में लेख लिखल गइल बा पूरा जानकारी होखे के चाहीं। नहीं त अइसन लेख आधार के श्रेणी में रखे लायक कहाई आ ई ज्ञानकोश की लायक ना मानल जाई।
- लेख में ठीक ढंग से बिसय की बारे में अलग-अलग चीज क बंटवारा कई के पैराग्राफ आ हेडिंग होखे के चाहीं।
- लेख में पर्याप्त जरूरी सन्दर्भ होखे के चाहीं।
- लेख कौनों आदमी क मौलिक लेखन ना होखे के चाहीं बलुक एम्में अइसन जानकारी होखे के चाहीं जेवना के कहीं दुसरा मान्य स्रोत से प्रमाणित जरूर कइल जा सके।
- लेख क बिसय अइसन होखे के चाहीं कई ऊ ज्ञानकोश में शामिल होखे लायक होखे। ई ना कई कौनों बिसय पर लेख बना दिहल जाय।
अइसन लेख मत बनाईं
[संपादन करीं]- जवना क उल्लेख्नीयता न होखे।
- जवन केहू जिंदा व्यक्ति की बारे में होखे। अइसन जीवित लोग जे अपनी जिनगिये में बहुत परसिद्ध हो गइल होखे खाली ओही की बारे में लेख बनावल जा सकत बा।
- अइसन व्यक्ति या बिसय की बारे में लेख मत बनाईं जेवना से राउर व्यक्तिगत संबंध होखे आ ऐसे ए लेख क निष्पक्षता प्रभावित भइले क चानस होखे।
- विवादित बिसय पर लेख बनावे में हमेशा निष्पक्ष रहीं आ दूनो पक्ष क बात लिखीं। एकपक्षीय बात वाला लेख मत बनाईं।
- बिना सन्दर्भ दिहले लेख मत बनाईं। सन्दर्भ हमेशा निष्पक्ष, आ सर्वमान्य स्रोत से दीं। ब्लाग, लोकल अखबार आ अइसन अखबार जहाँ प्रचार खातिर लेख छ्पवावल ज सकत होखे, कहो क प्रचार सामग्री, केहू का व्यक्तिगत जानकारी( जेवन पब्लिक में पहिले से मौजूद न होखे), वगैरह स्रोत की रूप में मत इस्तेमाल करीं।